UN: आतंकवाद पs चीन फेर बेनकाब, यूएन में आतंकी रऊफ के काली सूची में डाले के भारत के प्रस्ताव के कइलस विरोध

Share

अंतरराष्ट्रीय मंच पs आतंकवाद के लेके चीन एक बेर फेर फेर बेनकाब भइल बा। पाकिस्तान इस्थित आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद के दहशतगर्द अब्दुल रउफ अजहर के काली सूची में डाले के भारत के प्रस्ताव पs चीन आपत्ति जतवले बा।

रउफ अजहर जैश सरगना मसूद अजहर के भाई हs। ऊ 1999 में इंडियन एअरलाइंस के विमान आईसी814 के अपहरण, 2001 में संसद पs हमला आ 2016 में पठानकोट में भारतीय वायुसेना के अड्डा पs हमला समेत भारत में कइयन आतंकी हमलन के साजिश रचे में सामिल रहल बा।

बतावल जात बा कि चीन भारत के ओर से संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के 1267 आईएसआईएल आ अल कायदा प्रतिबंधित सूची में रउफ अजहर के सामिल करे के प्रस्ताव के विरोध कइले बा। अमेरिका 2010 में रउफ अजहर पs प्रतिबंध लगवले रहे। पिछला साल अगस्त में चीन ने रउफ अजहर के अंतरराष्ट्रीय आतंकी घोषित करे के भारत आ अमेरिका के प्रस्ताव के वीटो लगा के रोक देले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-