[the_ad_group id="30365"]

Pakistan: इमरान खान के गिरफ्तारी के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट के रुख करी PTI, समर्थकन के एकत्रित होखे के निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान के गिरफ्तारी के बाद जमके बवाल हो रहल बा। एही बीच पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (PTI) इमरान खान के रिहाई तक देसव्यापी विरोध प्रदर्शन के जारी रखे पs जोर देलस। संगही पार्टी नेता, कार्यकर्ता आ समर्थकन के बुध के सबेरे आठ बजे इस्लामाबाद न्यायिक परिसर में जमा होखे के निरदेस देले बा।

रिहाई तक जारी रही प्रदर्शन

पीटीआई अपना आधिकारिक ट्विटर अकाउंट पs एक के बाद एक वीडियो के बाढ़ कs देले बा। पीटीआई पुलिसिया कार्रवाई के वीडियो साझा करत लिखलस कि इमरान खान के रिहाई तक विरोध प्रदर्शन जारी रही।

सुप्रीम कोर्ट के रुख करी पीटीआई

इमरान खान के गिरफ्तारी के खिलाफ पीटीआई बुध के सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटाई। पीटीआई के वरिष्ठ उपाध्यक्ष फवाद चौधरी बतवलें कि पार्टी इस्लामाबाद हाई कोर्ट द्वारा इमरान खान के गिरफ्तारी के बरकरार रखे के आदेस के खिलाफ आज सबेरे सुप्रीम कोर्ट के रुख करी।

”हाई कोर्ट के फैसला आश्चर्यजनक”

फवाद चौधरी इस्लामाबाद हाई कोर्ट के फैसला के आश्चर्यजनक करार देलें। ऊ कहलें कि ई हैरानी के बात बा कि इस्लामाबाद हाई कोर्ट इमरान खान के गिरफ्तारी के वैध ठहरवले बा। एह फैसला के आज सबेरे सुप्रीम कोर्ट में चुनौती दिहल जाई।

इमरान खान के गिरफ्तारी ‘वैध’

इस्लामाबाद हाई कोर्ट इमरान खान के गिरफ्तारी के वैध ठहरावत कहले रहे कि गिरफ्तारी करत घरी राष्ट्रीय जवाबदेही ब्यूरो (NAB) सब कानूनी औपचारिकतन के पूरा कइले बा। पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री खान के अदालत परिसर से भ्रष्टाचार के एगो ममिला में नाटकीय ढंग से गिरफ्तार कइल गइला के बाद इस्लामाबाद हाई कोर्ट मंगर के शीर्ष अधिकारियन आ पुलिस अधिकारियन के तलब कइलस।

PTI जारी कइलस इमरान खान के वीडियो

गिरफ्तारी के बाद पार्टी इमरान खान के एगो वीडियो जारी कइलस। ई वीडियो गिरफ्तारी से पहिलही इमरान खान रिकॉर्ड कइले रहस। एह वीडियो में ऊ कहलें, ”जब तक हमार ई बात रउआ सभे तक पहुंची, तब तक हमरा के झुठ ममिला में गिरफ्तार कइल जा चुकल होई। एसे पता चलत बा कि पाकिस्तान में मौलिक अधिकारन आ लोकतंत्र के दफन कs दिहल गइल बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]