सीतापुर जिला के थाना रेउसा इलाका में बुध देर रात 50 यात्रियन से भरल एगो बस अनियंत्रित हो के गढ़हा में पलट गइल। गढ़हा में पानी भरल रहे। हादसे में करीब 20 लोग जख्मी हो गइलें जेमें से 6 लोग के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल बा।
तबौर के भिठलाकला गांव के लोग छत्तीसगढ़ मजूरी करे एगो निजी बस से जात रहनें। बुध के देर रात निजी बस थाना रेउसा के खुरवलिया के लग्गे पहुंचल तब्बे सामने से आ रहल एगो वाहन से बचले के चक्कर में बस अनियंत्रित हो के पुलिया के पार करत गढ़हा में जा गिरल।
यात्री कौनो तरीका से बस से बाहर निकललें अउर पुलिस के मामिला के जानकारी दीहलें। देर रात के मौका पर पहुंचल पुलिस घाही लोग के निकाल के सीएचसी में भर्ती करवलस जहां से 6 लोग के जिला अस्पताल रेफर कs दिहल गइल बा।
एसओ मुकुल प्रकाश वर्मा बतवलें कि कौनो यात्री के ढ़ेर गंभीर चोट नइखे आइल। ई लोग छत्तीसगढ़ मजदूरी करे जात रहनें। सब के सुरक्षित निकाल लिहल गइल बा।