Chhattisgarh : बीजापुर में सुरक्षाबलन के कार्रवाई, मुठभेड़ में 5 नक्सली ढेर, 214 ठिकाना ध्वस्त होखे के सूचना

Share

सेंट्रल डेस्क। बीजापुर जिला में सुरक्षाबलन आ नक्सलियन के बीच एगो बड़ मुठभेड़ भइल बा। एह मुठभेड़ में पांच नक्सलियन के मारल गइला के खबर बा। ई कार्रवाई जिला में चल रहल नक्सल विरोधी अभियान के महत्वपूर्ण हिस्सा बा। जंगल क्षेत्र में नक्सली पहिले सुरक्षाबलन पs गोलीबारी सुरू कइले रहे सs। एकरा जवाब में जवान तुरंत मोर्चा संभारल लोग आ जवाबी कार्रवाई कइल। दूनो ओर से भइल भीषण मुठभेड़ में पांच नक्सली मवका पs ढेर हो गइलें सs।

सुरक्षाबन के एक अभियान में बड़ सफलता मिलल बा। 214 नक्सली ठिकानन आ बंकरन के ध्वस्त करे के जानकारी मिल रहल बा। एह दौरान सुरक्षा बल भारी मात्रा में विस्फोटक सामग्री बरामद कइले बा। ई कार्रवाई नक्सलियन के नेटवर्क के कमजोर करे में सहायक सिद्ध हो रहल बा।

नक्सलियन के मवजूदगी के मिलल रहे सूचना

सुरक्षाबलन के बीजापुर के जंगल क्षेत्र में नक्सलियन के मवजूदगी के पुख्ता सूचना मिलल रहे। एकरा बाद जवान इलाका में सघन तलाशी अभियान चलवलस। तलाशी के दौरान नक्सली घात लगाके हमला कइलें सs आ अंधाधुंध फायरिंग सुरू कइलें सs। सुरक्षाबल अपना रणनीति के तहत जवाबी कार्रवाई कइलस आ नक्सलियन के पीछे हटे पs मजबूर कs दिहल। एह मुठभेड़ में पांच खूंखार नक्सली मारल गइलें सs, जवना से क्षेत्र में शांति स्थापित करे में मदद मिलल।

नक्सल विरोधी अभियान के सफलता

बीजापुर जिला में सुरक्षाबलन के नक्सल विरोधी अभियान तेज गति से चल रहल बा। पिछिला चार दिनन में जवान 214 नक्सली ठिकानन आ बंकरन के सफलतापूर्वक नष्ट कइले सs। ई कार्रवाई नक्सलियन के कमर तुड़े में महत्वपूर्ण साबित हो रहल बा। बरामद विस्फोटक सामग्री से नक्सलियन के बड़ साजिश के विफल कइल बा। सुरक्षाबलन के ई लगातार कार्रवाई क्षेत्र में नक्सलियन के गतिविधियन पs अंकुश लगावे में प्रभावी सिद्ध हो रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-