छठ पूजा: त्योहारी मौसम में भक्ति भाव के साथे छठी मईया के गीतन से सज रहल बा इ महापरsब 

Share

 

Chhath Puja:त्योहार के मौसम जारी बा। दिवाली के बाद छठ परब मनावल जाता। एह साल छठ पूजा 17 नवम्बर 2023 से शुरू हो गइल बा जवन 20 नवम्बर के खतम होई। छठ के परब चार दिन ले चलेला जवन भारत के सबसे कठिन परब में से एगो हs। छठ पूजा के दउरान वरती 36 घंटा ले निर्जला व्रत रहेला लो। सूरुज भगवान आ छठी मइया के पूजा कइल जाला आ फेरु अर्घ्य दिहल जाला। परिवार के समृद्धि, बेटा-पति के दीर्घायु अवुरी मनोकामना के पूर्ति खातीर इs व्रत कइल जाला। नहाय खाय कार्तिक महीना के चतुर्थी तिथि के मनावल जाला। अगिला दिने खरना के आ तिसरका दिन डूबत सूरज के अर्घ्य चढ़ावल जाला। छठ पर्व के चउथा दिन उगत सूरज के अर्घ्य देके व्रत तोड़ल जाला। छठ परब के कइगो नाम से जानल जाला-छइठ, छठ बरत, छठ, छठी म‌इया के पूजा, छठ परब, डाला छठ, सूरय षष्ठी।

छठी मईया के गीतन से सजल महापरsब

लोगन के छठ परब पs छठ माता के पूजा के साथे छठ मईया के कई गो गीत बहुत लोकप्रिय होला आ नया नया गीत आवत रहेला। एह क्रम में छठ माता पs एगो गीत ‘मिसरी’ ले के आइल बा जवना के बहुते लोग लो पसंद कs रहल बा। आदर्श आदी के ‘मिसरी’ आजु के युवा पीढ़ी के नया आधुनिक प्रयोग के माध्यम से आपन लोकभाषा भोजपुरी से जोड़े के प्रयास कs रहल बा

 

‘मिसरी’ द्वारा छठ माता पs एगो गीत ‘हे छठी मईया 4.0′ रिलीज भइल बा छठ के ई गीत बहुत सुन्दर गीत बा। एह गीत में लिरिक्स आदित्य राजन के बा। संगीत आरसी प्रोडक्शन’ सुशांत देव के बा। इ गीत दीपाली सहाय के आवाज से सजल बा जवन बहुते मधुर बा आ सुकून देला।

‘मिसरी’ के ई गीत बहुत लोग पसंद करत बा आ सराहल भी जाता।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-