गोरखपुर में जोर-सोर से चल रहल बा छठ के तइयारी: पथ प्रकाश आ पेयजल के साथे बनता कंट्रोल रूम

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2023

  गोरखपुर में छठ के तइयारी जोर सोर से चल रहल बा। त्योहार के दौरान श्रद्धालु लोग के अर्घ्य चढ़ावे में कवनो दिक्कत ना होखे एकरा खातिर नगर निगम भी तइयारी कइले बा। निगम के

Share

 

गोरखपुर में छठ के तइयारी जोर सोर से चल रहल बा। त्योहार के दौरान श्रद्धालु लोग के अर्घ्य चढ़ावे में कवनो दिक्कत ना होखे एकरा खातिर नगर निगम भी तइयारी कइले बा। निगम के ओर से शहर के 80 जगह छठ घाट बनावल जाता। जवना में घाट एतना बड़ बा कि ओहिजा एक संगे कई हजार वेदी के स्थापना होई। घाट पs पीये के पानी आ स्ट्रीट लाइटिंग के इंतजाम भी हो रहल बा।

अपर नगर आयुक्त शिव पूजन यादव त्योहार के दौरान श्रद्धालु के कवनो समस्या के सामना ना करे के पड़े । एहसे सभ घाट पs कंट्रोल रूम बनावल जाता। कवनो समस्या के स्थिति में भक्त नियंत्रण कक्ष से संपर्क कs सकतारे।

युद्धस्तर पs हो रहल बा तइयारी

छठ त्योहार खातिर नगर निगम युद्धस्तर पs तइयारी शुरू कs दिहले बा। सफाई के संगे सभ 80 घाट पs एप्रोच सड़क के मरम्मत के काम हो रहल बा।घाट के आसपास के जमीन समतल हो रहल बा। पर्याप्त रोशनी सुनिश्चित करे खातिर हाई मास्क भी लगावल जा रहल बा।

अपर नगर आयुक्त शिव पूजन यादव बतवले की “सभे घाट पs नगर निगम के ओर से पेयजल के इंतजाम कईल जाता। कवनो समस्या के स्थिति में भक्त लोग के कंट्रोल रूम से संपर्क करे के सलाह दिहल जाता।सुरक्षा के चलते घाट के किनारे बैरिकेटिंग लगावल जाता।

नगर निगम के ओर से 80 घाट तैयार कईल जाता।

शहर के अधिकांश इलाका में नगर निगम के ओर से 80 छठ घाट बनावल जाता। जवना में झारखण्डी, रानीडीहा, खोराबार, चरगांवा, गोरखनाथ, मोहद्दीपुर, भरवलिया, बड़गो, गायघाट, गुलरिहा, सिविल लाइंस, राप्तीनगर आ गीता प्रेस नगर शामिल बा। कुछ स्थानीयता में समिति आ लोग आपसी समन्वय से छठ घाट बनवले बा।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.