शतरंज ओलंपियाड: भारत जीतलस ऐतिहासिक स्वर्ण, विश्व चैंपियनशिप चैलेंजर डी गुकेश फाबियानो के हरवलें

Share

भारतीय पुरुष टीम 45वां शतरंज ओलंपियाड के 10वां दौर में मजबूत अमेरिका के 2.5-1.5 से हराके एगो दौर बाकी रहतही ऐतिहासिक स्वर्ण पदक पs कब्जा तय कs लेलस। भारत 19 अंक के संगे शीर्ष स्थान पs कायम बा। अगिला दौर में हरलो पs उच्च टाईब्रेक स्कोर के कारण चैंपियन बन जाई। गुकेश-अर्जुन बाजी जीतल लो। डी गुकेश फाबियानो कारुआना के शिकस्त देलें।

हंगरी के राजधानी बुडापेस्ट में आयोजित प्रतियोगिता में ग्रैंडमास्टर आ विश्व चैंपियनशिप चैलेंजर डी गुकेश  फाबियानो कारुआना के शिकस्त देके भारत के पुरुष वर्ग में पहिला बेर शतरंज ओलंपियाड में स्वर्ण दिलावे में मदद कइलें। एकर पुष्टि ग्रैंडमास्टर प्रवीण थिप्से आ प्रगनानंदा के कोच आर बी रमेश कइल लो। आर बी रमेश टीम के स्वर्ण जीतला पs बधाइयो देलें।

19 अंक के संगे भारतीय पुरुष टीम शीर्ष पs कायम

प्रवीण थिप्से कहलें कि भारत 11वां दाैर हारियो जात बा आ दूसरका टीम से ओकर बराबर अंक रह जात बा तबो ट्राई ब्रेकर में भारत के स्कोर अच्छा बा, जवना से ओकर स्वर्ण पक्का बा। 45वां शतरंज ओलंपियाड के 10वां दौर में भारतीय पुरुष टीम अमेरिका के 2.5-1.5 से हरवलस। भारतीय पुरुष टीम टूर्नामेंट में हारल नइखे आ 19 अंक के संगे ओपन वर्ग में शीर्ष पs कायम बिया। प्रगनानंदा के वेस्ली सो से हार मिलल। मालूम होखे कि लेवरोन के ड्रॉ पs रोकलें। अर्जुन पेरेज के हरवलें।

महिला टीम चीन के हरवलस 

भारतीय महिला टीम चीन के 10वां दौर में 2.5-1.5 से शिकस्त देलस। महिला टीम एकरा पहिले अमेरिका के टीम से ड्रॉ खेलले रहे आ अब चीन पs जीत के संगे वापसी कइलस। भारतीय महिला टीम में खाली दिव्या देशमुख के जीत मिलल, जबकि नोएडा के वंतिका अग्रवाल, वैशाली आ हरिका ड्रॉ खेलल लो। दिव्या शिक्वेन के हरवली। वंतिका मियाओई के बराबरी पs रोकली। शीर्ष बोर्ड पs हरिका के झू जिनेर के खिलाफ ड्रॉ खेले के पड़ल, जबकि वंतिका मियाओइ के बराबरी पs रोक देली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-