Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोमांस खाए के संदेह पs गौरक्षक कुल पीट-पीट के कइले युवक के हत्या

401
Google Ads 300*250 for posts

 

हरियाणा के चरखी दादरी जिला में गोमांस खाए के शक में एगो प्रवासी आदमी के गौरक्षक समूह पीट-पीट के हत्या कs दिहलस। एs मामिला में पांच लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। पुलिस सूत्र शनिचर के इs जानकारी दिहलस।

घटना 27 अगस्त के भईल रहे

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी के मुताबिक, साबिर मलिक के हत्या 27 अगस्त के भईल रहे। दर्ज मामिला के आधार पs अधिकारी बतवले कि पांच आरोपी मलिक के गोमांस खाए के शक में खाली प्लास्टिक के बोतल बेचे के बहाने एगो दोकान पs बोलवले। उहाँ उनुकर बहुत पिटाई भईल।

आरोपी के नाव सामने आईल

पुलिस आरोपी के अभिषेक, मोहित, रविंदर, कमलजीत अवुरी साहिल के रूप में पहचान कईले बिया। अधिकारी बतवले कि जब आरोपी उनुका के पीटत रहले तs कुछ लोग बीच में आ गईले। एकरा बाद उs लोग साबिर मलिक के दोसरा जगह ले गईले अवुरी फेर उहाँ उनुकर फेर से पिटाई कईले। इहे उनकर मौत के कारण रहे।

गिरफ्तार आरोपी में से दुगो नाबालिग बाड़े

पुलिस के कहनाम बा कि मलिक चरखी दादरी जिला के बांद्रा गांव के लगे एगो झुग्गी-झोपड़ी में रहत रहले। उs आपन रोजी रोटी खातिर कबाड़ बीने के काम करत रहले। अधिकारी के मुताबिक पांचों आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। एs मामला में दु नाबालिग के भी हिरासत में लिहल गईल बा। भारतीय न्याय संहिता (बीएनएस) के संबंधित प्रावधान के तहत आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज भईल बा।

 

 

 

946740cookie-checkगोमांस खाए के संदेह पs गौरक्षक कुल पीट-पीट के कइले युवक के हत्या

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.