[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: यू-ट्यूब से जालसाजी सीख, मदद के बहाने एटीएम से निकाले लगलें सs रुपिया- सरगना समेत तीन गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुलरिहा पुलिस ने सुक के अंतरजनपदीय गैंग के सरगना समेत तीन आरोपियन के गिरफ्तार कइलें। ई आरोपी एटीएम बूथ पs मदद के बहाने बुजुर्ग आ महिला लोगन के कार्ड बदलके रुपिया निकाल लेले रहे। आरोपी लोग पूछताछ में बतावल कि जालसाजी के ई तरीका यू-ट्यूब पs वीडियो देखके सीखले रहे।

पुलिस एकनी लगे से 20 एटीएम कार्ड, तीन मोबाइल फोन, एगो बाइक आ तीन हजार रुपिया नकद बरामद कइले बिया। गिरफ्तार आरोपियन में से एगो चित्रकूट जिला के रहे वाला बा।

पकड़ल गइल आरोपियन के पहचान बांसगांव इलाका के बेदौली बाबू गांव निवासी सुरजीत, पिपराइच के मुंडेरी के अमन शर्मा आ चित्रकूट जिला के कर्वी थाना क्षेत्र के शत्रुधनपुरी लक्ष्मनपुरी निवासी इरफान के रूप में भइल। गैंग के सरगना सुरजीत हs, जवना पs कुशीनगर में पांच आ गोरखपुर में सात गो केस दर्ज बा। इरफान पs कुशीनगर में सात, पीलीभीत में तीन आ गोरखपुर में एगो केस दर्ज बा। अमन शर्मा पs कुशीनगर में तीन आ गोरखपुर में दुगो केस दर्ज बा।

एसएसपी डॉ. गौरव ग्रोवर बतवलें कि 26 अगस्त के भटहट इस्थित एचडीएफसी बैंक के एटीएम से रुपिया निकाले गइल पीड़ित के कार्ड मशीन में फंस गइल। एटीएम कक्ष में गार्ड के नंबर लिखल रहे, जवना पs पीड़ित फोन कइलस तs कॉल रिसीव करे वाला बतवलस कि टेक्निशियन के अइला पs कार्ड निकल जाई। पीड़ित कार्ड छोड़के चल गइल।

तनिका देर बाद ओकरा मोबाइल फोन पs खाता से 30 हजार रुपिया निकाले के मैसेज आइल। पीड़ित पुलिस के तहरीर देलस। जांच में पता चलल कि एटीएम कक्ष में लिखल नंबर गार्ड के ना, बलुक जालसाज के रहे, जे ओहिजा बगल में खड़ा होके बात करत रहे। एकरा पहिले 16 अगस्त के जालसाज भटहट इस्थित एगो एटीएम से रुपिया निकाले आइल पीड़ित के मदद के बहाने ओकर कार्ड बदल देलस।

एकरा बाद दूसरका एटीएम से 10 हजार रुपिया निकाल लेलस। दुनो ममिला में केस दर्ज कs के पुलिस जांच सुरू कइलस। पता चलल कि एटीएम से दुनो घटना कइल गइल रहे। इसके बाद इस गैंग के सदस्यों की तलाश शुरू हुई।

एसएसपी कइलें अपील

एटीएम से रुपिया निकालत घरी सावधानी बरती। कवनो अनजान भा आउर व्यक्ति पs संदेह होखला पs डायल-112 पs सूचना दीं। घर के बुजुर्ग भा महिला, जेकरा एटीएम से रुपये निकालने में परेसानी होखे, ओकरा के मत भेजीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]