Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मथुरा में अनुसूचित जाति के बरात में DJ बजला पऽ बवाल, गाड़ी के शीशा टूटल, बंद भइल साउंड तऽ थाना पहुंचले बराती

432

Mathura Today News Update अनुसूचित जाति के बरात के डीजे बंद करवला पs छावनी बनल कुंजेरा गांव। एगो समाज आरोप लगवले बा कि बरात जाए घरी उऽ लोगन के साथे अभद्रता कइल गइल। जातिसूचक शब्दों के इस्तेमाल कइल गइल आ डीजे के बंद करावल गइल। डीजे बंद होखला के बाद कुछ बराती थाना पहुंचले। तत्काल पुलिस मौका पs पहुंचल आ स्थिति के समहरलऽ

गोवर्धन/मथुरा। गांव कुंजेरा में अनुसूचित जाति के बरात के डीजे बंद करावे पs बवाल हो गइल। डीजे के गाड़ी के शीशा टूट गइल। गांव में तनाव व्याप्त बा। पुलिस-प्रशासन गांव जाके मोर्चा समहरलस। गांव में तनावपूर्ण माहौल बा। पुलिस के कवनो पक्ष प्रार्थना-पत्र ना देलस।

गोवर्धन के गांव कुंजेरा के माहौल अचानक बिगड़ते बचल। शुक के गोवर्धन के गांव में विजय सिंह के बेटी के बरात कोसीकलां के गांव फूल घड़ी से कुंजेरा आइल रहे। बरात डीजे से गांव में फेरी करत चढ़त रहे।

आरोप बा कि गांवे के हरी दूधिया के बेटा राजपाल घर में दिल के मरीज होखे के बात कह के डीजे बंद करावे के बात कहले। एकरा से बरातियन में आ राजपाल में कहासुनी हो गइल। एकरा बाद राजपाल पक्ष के लोग एकत्रित हो गइल। तबले कवनो उपद्रवी बरात में चल रहल डीजे गाड़ी पs पथराव कऽ देलस। गाड़ी के शीशा तूड़ देलस।

थाना पहुंच गइले बराती

बराती थाना गोवर्धन के राधाकुंड चौकी प्रभारी शैलेंद्र शर्मा के लगे पहुंचले आ डीजे बंद करावे आ अभद्रता करे के बात कहले। पुलिस ग्रामीणन के समझा के मामला शांत करवलस। हालांकि गांव में तनाव के देखत पुलिस तैनात कइल गइल बा।

लड़की के पक्ष लोग बतवलस, बरात जाए के लेके ठाकुर लो जातिसूचक शब्दन के प्रयोग करत घरी डीजे बंद करा देलस। डीजे बंद करा के गाड़ी के शीशा तूड़ देलस।

ठाकुर समाज के लोग बतवले, डीजे तेज आवाज के साथे बाजत रहे। दिल के मरीज के कारण आवाज कम करे पs गाली-गलौज भइल रहे।

थाना प्रभारी निरीक्षक विनोद बाबू मिश्र बतवले, गांव में शांति बा। कवनो  पक्ष से कवनो प्रार्थना-पत्र नइखे मिलल। गांव में पुलिस तैनात कऽ दिहल गइल बा।

821880cookie-checkमथुरा में अनुसूचित जाति के बरात में DJ बजला पऽ बवाल, गाड़ी के शीशा टूटल, बंद भइल साउंड तऽ थाना पहुंचले बराती

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.