Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Reports: पाकिस्तान में होई चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन? एह दिन जारी हो सकत बा शेड्यूल, सामने आई बड़ जानकारी

1

अगिला साल चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन बा, बाकिर अभी ले अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट काउंसिल (आईसीसी) वेन्यू के एलान नइखे कइल गइल। एह बीच एगो रिपोर्ट में खुलासा भइल बा कि बहुते जल्दी चैंपियंस ट्रॉफी के शेड्यूल के घोषणा कइल जा सकत बा।

कब होई कार्यक्रम के एलान?

द एक्सप्रेस ट्रिब्यून के रिपोर्ट के अनुसार, आईसीसी के एगो प्रतिनिधिमंडल 10-12 नवंबर तक लाहौर के दौरा करी। एह दौरान चैंपियंस ट्रॉफी खातिर जारी तइयारियन के निरीक्षण कइल जाई। एह दौरान एगो कार्यक्रम में चैंपियंस ट्रॉफी के शेड्यूल के एलान कइल जा सकत बा। रिपोर्ट में आगे बतावल गइल बा कि 11 नवंबर के आईसीसी के तरफ से प्रतिष्ठित टूर्नामेंट के कार्यक्रम के घोषणा कइल जा सकत बा।

प्रस्तावित शेड्यूल में भारत आ पाकिस्तान एक ग्रुप में

चैंपियंस ट्रॉफी के प्रस्तावित शेड्यूल के अनुसार, पाकिस्तान के भारत के संगे ग्रुप ए में रखल गइल बा। एमे बांग्लादेश आ न्यूजीलैंड के टीम बा। ओहिजा, ग्रुप बी में इंग्लैंड, दक्षिण अफ्रीका, ऑस्ट्रेलिया आ अफगानिस्तान के टीम बा। हालांकि, अभी तक आईसीसी के तरफ से आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।

बीसीसीआई नइखे भरले हामी

चैंपियंस ट्रॉफी के आधिकारिक मेजबानी पाकिस्तान के लगे बा। हालांकि, भारत ओकरा राह के कांटा बनल बा। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अभी ले भारतीय टीम के एह टूर्नामेंट में पाकिस्तान भेजे खातिर हामी नइखे भरले। अइसे में अगर भारत अंत तक नइखे मानत, तs मजबूर आईसीसी के ई टूर्नामेंट हाइब्रिड मॉडल के आधार पs करावे के पड़ सकत बा। मानल जा रहल बा कि चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन 19 फरवरी से नव मार्च तक होई।

लाहौर में हो सकत बा फाइनल

एह रिपोर्ट के अनुसार, भारत के सब मुकाबला लाहौर में खेलल जाई। भारतीय टीम आपन पहिला मैच 20 फरवरी के बांग्लादेश के खिलाफ खेली। एक मार्च के बहुप्रतिक्षित भारत बनाम पाकिस्तान मैच लाहौर में खेलल जाई। पांच आ छव मार्च के क्रमश: पहिला सेमीफाइनल (कराची) आ दूसरका सेमीफाइनल (रावलपिंडी) में खेलल जाई। नव मार्च के लाहौर में चैंपियंस ट्रॉफी के फाइनल मुकाबला खेलल जा सकत बा।

चैंपियंस ट्रॉफी के कार्यक्रम एह तरे हो सकत बा….

तारीख मैच स्थान
19 फरवरी न्यूजीलैंड बनाम पाकिस्तान कराची
20 फरवरी बांग्लादेश बनाम भारत लाहौर
21 फरवरी अफगानिस्तान बनाम दक्षिण अफ्रीका कराची
22 फरवरी ऑस्ट्रेलिया बनाम इंग्लैंड लाहौर
23 फरवरी न्यूजीलैंड बनाम भारत लाहौर
24 फरवरी पाकिस्तान बनाम बांग्लादेश रावलपिंडी
25 फरवरी अफगानिस्तान बनाम इंग्लैंड लाहौर
26 फरवरी ऑस्ट्रेलिया बनाम दक्षिण अफ्रीका रावलपिंडी
27 फरवरी बांग्लादेश बनाम न्यूजीलैंड लाहौर
28 फरवरी अफगानिस्तान बनाम ऑस्ट्रेलिया रावलपिंडी
1 मार्च पाकिस्तान बनाम भारत लाहौर
2 मार्च दक्षिण अफ्रीका बनाम इंग्लैंड रावलपिंडी
5 मार्च सेमीफाइनल 1: TBD बनाम TBD कराची
6 मार्च सेमीफाइनल 2:TBD बनाम TBD रावलपिंडी
9 मार्च फाइनल: TBD बनाम TBD लाहौर
1003990cookie-checkReports: पाकिस्तान में होई चैंपियंस ट्रॉफी के आयोजन? एह दिन जारी हो सकत बा शेड्यूल, सामने आई बड़ जानकारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.