स्पोर्ट्स डेस्क : भारत आ न्यूजीलैंड के बीच नव मार्च के चैंपियंस ट्रॉफी के खिताबी मुकाबला खेलल जाई। भारत सेमीफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के हरवले रहे, जबकि न्यूजीलैंड दक्षिण अफ्रीका के मात देके खिताबी मुकाबला में प्रवेश कs लेलस। 25 साल बाद एक बार फेर ई दुनो टीम आईसीसी के सीमित ओवर प्रारूप के खिताबी मुकाबला में आमने-सामने होई।
आठ दिन के भीतर दूसरका बेर होई सामना
भारत आ न्यूजीलैंड चैंपियंस ट्रॉफी में ग्रुप ए में सामिल रहे। भारत ग्रुप चरण के आखिरी मैच में न्यूजीलैंड के हरवले रहस आ अब आठ दिन के अंतर दुनो टीम एक बेर फेर आमने-सामने होई। भारत आ न्यूजीलैंड के टीम दु बेर आईसीसी टूर्नामेंट के फाइनल में भिड़ल बाड़ी सs। आखिरी बेर दुनो टीमन के बीच 2021 में विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) के फाइनल मुकाबला खेलल गइल रहे। बरखा के कारण छव दिनन तक चलल एह खिताबी मुकाबला में न्यूजीलैंड के टीम भारत पs भारी पड़ल रहे आ कीवि भारतीय टीम के आठ विकेट से हरवले रहलें सs।
25 साल पहले कीवी टीम तुड़ले रहे भारत के सपना
दिलचस्प बात ई बा कि आईसीसी के सीमित ओवर के प्रारूप में आखिरी बेर दुनो टीम फाइनल में 2000 में आईसीसी नॉकआउट ट्रॉफी (अब चैंपियंस ट्रॉफी) में खेलले रहे। ओह समय न्यूजीलैंड भारत के चार विकेट से हराके खिताब पs कब्जा जमवले रहे। ओह मैच में सौरव गांगुली के अगुआई वाली भारतीय टीम गांगुली के 117 रन आ सचिन तेंदुलकर के 69 रन के बदौलत 50 ओवर में छव विकेट पs 264 रन बनवले रहे। जवाब में स्टीफन फ्लेमिंग के कप्तानी वाली न्यूजीलैंड टीम लक्ष्य के सफलतापूर्वक हासिल कs लेले रहे। कीवी टीम खातिर क्रिस कार्न्स 113 गेना पs नाबाद 102 रन बनवले रहे आ भारत के मुंह से जीत छीन लेले रहे।
न्यूजीलैंड के लमहर समय से आईसीसी खिताब के इंतजार
एकरा बाद से न्यूजीलैंड कबो आईसीसी के सफेद गेना प्रारूप के टूर्नामेंट नइखे जीत सकल। न्यूजीलैंड के टीम 2015 आ 2019 वनडे विश्व कप के फाइनल में पहुंचल रहे, बाकिर दुनो बेर ओकरा हार के सामना करे के पड़ल रहे। अब ओकर सामना एगो आउर फाइनल में रोहित शर्मा के अगुआई वाली भारतीय टीम से होई जवन टूर्नामेंट में अजेय रहत खिताबी मुकाबला में पहुंचल रहे।
पिछिला दु मार्च के भारत आ न्यूजीलैंड के बीच एही दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम पs मुकाबला भइल रहे, जेमे भारत न्यूजीलैंड के सामने 250 रन के लक्ष्य रखले रहे। एह मैच में वरुण चक्रवर्ती के अगुआई में भारतीय स्पिनरन के दमदार प्रदर्शन से टीम इंडिया लक्ष्य के बचाव करे में सफल रहल रहे। चैंपियंस ट्रॉफी के आपन पहिलके मैच खेलत वरुण पांच विकेट झटकले रहस आ न्यूजीलैंड लक्ष्य से पीछे रह गइल रहे।
Read Also: IND vs AUS: सेमीफाइनल मैच में एह खिलाड़ी के मिलल बेस्ट फील्डर अवॉर्ड, इs दिग्गज पहनवले मेडल