IND vs NZ: फाइनल में अइसन हो सकेला भारत के Playing 11, कप्तान रोहित एह प्लेयर्स के दिहें जगह?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2025

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल मैच 9 मार्च के दुबई के मैदान में भारत आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल जाई।  सेमीफाइनल में भारतीय टीम आस्ट्रेलिया के हरा दिहले रहुवे.  जबकि कीवी टीम सेमीफाइनल में दक्षिण

Share

IND vs NZ

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के फाइनल मैच 9 मार्च के दुबई के मैदान में भारत आ न्यूजीलैंड के बीच खेलल जाई।  सेमीफाइनल में भारतीय टीम आस्ट्रेलिया के हरा दिहले रहुवे.  जबकि कीवी टीम सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका के हरा दिहले रहुवे.  चैंपियंस ट्रॉफी में दुनो टीम के बीच अंतिम मैच साल 2000 में हो चुकल बा।  तब न्यूजीलैंड के टीम जीत हासिल कइलस. अबकी बेर टीम इंडिया के नजर बदला लेबे पs रही.  वर्तमान टूर्नामेंट में रोहित शर्मा के कप्तान में भारतीय टीम अबले बढ़िया प्रदर्शन कइले बिया आ टीम एह टूर्नामेंट में नाबाद बा.  बता दी कि न्यूजीलैंड के खिलाफ फाइनल में टीम इंडिया के प्लेइंग एगारह कइसे हो सकेला?

शुरुआती जोड़ी अयीसन हो सकता 

शुभमन गिल चैंपियंस ट्रॉफी 2025 में बढ़िया फॉर्म में लउकल बाड़न आ अपना बल्लेबाजी से बहुते रन बनावत बाड़न.  उs शतक भी बनवले बाड़े।  दूसर ओर कप्तान रोहित शर्मा भी तेज रफ्तार से रन बनवले बाड़े।  अयीसना में एक बेर फेर मैदान पs फेर एs दुनो खिलाड़ी के जोड़ी देखाई देता। ई तय लागत बा कि सुपरस्टार बल्लेबाज विराट कोहली तीन नंबर पs रहीहें.  पाकिस्तान आ आस्ट्रेलिया के खिलाफ भइल मैचन में कोहली बढ़िया पारी खेलले रहले आ एकल हाथ से भारत के जीत दिअवले रहले.  वर्तमान टूर्नामेंट में ऊ सबसे अधिका रन बनावे वाला भारतीय खिलाड़ी हउवें.  उs अब तक 4 मैच में 217 रन बनवले बाड़े।  भारतीय टीम एक बेर फेरु फाइनल में उनुका से बड़हन पारी के उमेद करी. 

हो सकेला कि केएल राहुल के विकेटकीपर के जिम्मेदारी मिल जाव

श्रेयस अय्यर के नंबर-4 पs मैदान पs उतारल जा सकेला.  अय्यर चैंपियंस ट्रॉफी 2025 में भारतीय बल्लेबाजी क्रम के रीढ़ साबित भइल बाड़न आ बल्लेबाजी के बेहतरीन प्रदर्शन कइले बाड़न.  अबहीं ले ऊ दू गो अर्धशतक भी बनवले बाड़न.  आलराउंडर अक्षर पटेल के पांचवा नंबर पs मौका दिहल जा सकेला.  अक्षर जल्दी से रन स्कोर करेलें आ रन के गति बनावे में मददगार साबित होलें.  एकरा अलावे उs 10 ओवर में भी गेंदबाजी कs सकतारे।  विकेटकीपर के जिम्मेवारी केएल राहुल के सौंपल जा सकेला. 

मोहम्मद शमी के अनुभव

तेज गेंदबाजी के हमला के जिम्मेदारी मोहम्मद शमी के दिहल जा सकेला.  उनुका लगे अनुभव बा अवुरी जब उs फॉर्म में बाड़े तs उs खाली कुछ गेंद में मैच के कोर्स बदल सकतारे।  हार्दिक पांड्या दुसरका तेज गेंदबाज के भूमिका निभा सकेलें.  स्पिन विभाग के जिम्मेवारी रविन्द्र जडेजा आ वरुण चक्रवर्ती के सौंपल जा सकेला.  वरुण अपना खेल से सबके प्रभावित करे में सफल रहल बाड़े। 

कुलदीप यादव फंसा दिहले पेंच

बाकिर अब देखे के बा कि कप्तान रोहित शर्मा स्पिनर कुलदीप यादव के छोड़ के हर्षित राणा के मौका दीहें कि पुरान संयोजन से फाइनल में चहुँप जइहें.  कुलदीप चालू टूर्नामेंट में महज पाँच गो विकेट लेबे में सफल रहल बाड़न.  आस्ट्रेलिया आ बांग्लादेश के खिलाफ भी ऊ अपना खाता में एको विकेट नइखन लिहले.

न्यूजीलैंड के खिलाफ फाइनल में भारतीय टीम के संभावित प्लेइंग इलेवन

रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल, हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, रवींद्र जडेजा, वरुण चक्रवर्ती, मोहम्मद शमी, कुलदीप यादव/हर्षित राणा। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.