Champions Trophy 2025: बस 2 जीत आ टीम इंडिया के नाम दर्ज हो जाई वर्ल्ड रिकॉर्ड, अइसन करे वाली बनी पहिला टीम

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। रोहित शर्मा के कप्तानी वाली भारतीय क्रिकेट टीम चैंपियंस ट्रॉफी-2025 में हिस्सा लेवे खातिर दुबई पहुंच गइल बिया। टीम इंडिया सनीचर के दुबई खातिर रवाना भइल रहे। भारत के कोसिस 12 साल बाद एह ट्रॉफी के जीते के होई। आखिरी बेर टीम इंडिया ने 2013 में ई ट्रॉफी जीतले रहे। एह टूर्नामेंट में टीम इंडिया फाइनल में पहुंचे से पहिलही बड़ इतिहास रच सकत बिया।
रोहित के कप्तानी वाली टीम इंडिया ऊ कारनामा कs सकत बिया जवन अभी तक कवनो टीम चैंपियंस ट्रॉफी में नइखे कइले। एकरा खातिर भारत के खाली दुगो मैच जीते के बा। भारत के आपन पहिला मैच 20 फरवरी के बांग्लादेश के खिलाफ खेले के बा। ओहिजा, दूसरका मैच 23 फरवरी के चिर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के खिलाफ। एकरा बाद दु मार्च के टीम इंडिया न्यूजीलैंड से भिड़ी।

चाहीं खाली दु जीत

टीम इंडिया जदि चैंपियंस ट्रॉफी में दु मैच जीत लेत बिया तs फेर इतिहास रच दी। अभी तक भारत चैंपियंस ट्राफी में कुल 18 मैच जीतले बिया। जदि ऊ दु मैच आउर जीत जात बिया तs चैंपियंस ट्रॉफी में एतना मैच जीते वाली पहिला टीम बन जाई। हालांकि, एह टूर्नामेंट में सबसे जादे मैच जीतला के ममिला में भारत अभियो पहिला नंबर पs बा। दूसरका नंबर पs संयुक्त रूप से इंग्लैंड आ श्रीलंका बा। श्रीलंका एह टूर्नामेंट में अबकी बेर हइलही नइखे।

इंग्लैंड के टीम जरूर ई टूर्नामेंट खेल रहल बिया। इंग्लैंड अगर आपन सब मैच जीत फाइनल में पहुंचत बिया तs भारत के रिकॉर्ड के बराबरी कs ली आ जदि फाइनल जीतत बिया तs भारत के रिकॉर्ड तुड़ियो दी, बाकिर ई तबे होई जब भारत एको गो मैच ना जीते आ इंग्लैंड आपन सब मैच जीत जाए। ओहिजा अगर भारत दु गो मैच जीत जात बा आ इंग्लैंड आपन सब मैच जीत जाई तबो उ भारत के 20 जीत के रिकॉर्ड के बराबरी ना कs पाई।

टीम इंडिया के नजर बदला पs

भारत महेंद्र सिंह धोनी के कप्तानी में साल 2013 में चैंपियंस ट्रॉफी के खिताब जीतले रहे। एकरा बाद विराट कोहली के कप्तानी में साल 2017 में भइल संस्करण में फाइनल तक पहुंचल रहे, जहां पाकिस्तान के हाथन ओकरा हार मिलल रहे। भारत के ई हार अभियो चुभेला। रोहित के कप्तानी में भारत के कोशिश ओहि हार के कमी पूरा करे के बा। टीम इंडिया खिताब के प्रबल दावेदारो मानल जा रहल बिया।

Read Also: GG W vs RCB W: बेंगलुरु हासिल कइलस WPL के सबसे बड़ लक्ष्य, ऋचा घोष जड़ली चउथा सबसे तेज अर्धशतक

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-