चैंपियंस लीग: लियोनल मेसी लगातार 18वें सीजन में गोल क के रचलें इतिहास, रोनाल्डो के ई रिकॉर्ड भी तुड़लें

कुमार आशू
दुनिया के महानतम फुटबॉलर कहल जाए वाले अर्जेंटीना के लियोनल मेसी यूईएफए चैंपियंस लीग में एगो अउरी रिकॉर्ड अपने नाम कइलें बानें। उ बुध के फ्रांस के क्लब पेरिस सेंट जर्मेन के ओर से खेलत ग्रुप-एच में इस्राइल के क्लब मकाबी हाइफा के खिलाफ गोल कइलें पीएसजी एह मैच के 3-1 से अपने नाम कs लिहलस। ग्रुप दौर में एकर ई लगातार दूसरा जीत ह। पीएसजी पिछले मैच में इटली के क्लब युवेंटस के 2-1 से हरवले रहे।
एह मुकाबला में मेसी दू रिकॉर्ड बनवलें। ऊ चैंपियंस लीग इतिहास में लगातार 18 सीजन में गोल करे वाला पहिला फुटबॉलर बन गइलें। एकरे अलावा उ पुर्तगाल अउरी मैनचेस्टर यूनाइटेड के दिग्गज फुटबॉलर क्रिस्टियानो रोनाल्डो के एगो रिकॉर्ड भी तुरलें। मेसी चैंपियंस लीग में 39 अलग-अलग टीम के खिलाफ गोल करे वाला खिलाड़ी बन गइल बानें। रोनाल्डो 38 टीम के खिलाफ गोल दगलें रहनें।
Share This Article