FIFA ऑल इंडिया फुटबॉल फेडरेशन के कइलस सस्पेंड, भारत से छिन सकेला U17 वुमेंस वर्ल्ड कप के मेजबानी!

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2022

दुनिया के सबसे बड़ फुटबॉल बॉडी माने फीफा मंगर के  घोषणा कइसल कि उ अखिल भारतीय फुटबॉल महासंघ (एआईएफएफ) के तत्काल प्रभाव से निलंबित करे के फसिला लेले बा। फीफा काउंसिल के ब्यूरो सर्वसम्मति से

Share

दुनिया के सबसे बड़ फुटबॉल बॉडी माने फीफा मंगर के  घोषणा कइसल कि उ अखिल भारतीय फुटबॉल महासंघ (एआईएफएफ) के तत्काल प्रभाव से निलंबित करे के फसिला लेले बा। फीफा काउंसिल के ब्यूरो सर्वसम्मति से ई निर्णय लेले बा। फीफा बतवले बा कि ई फसिला AIFF में तीसरा पक्ष के अनुचित प्रभाव के कारण लिहल गइल बा, जवन कि फीफा कानून के गंभीर उल्लंघन हs।

FIFA द्वारा जारी एगो आधिकारिक मीडिया विज्ञप्ति में कहल गइल बा, “फीफा परिषद के ब्यूरो सर्वसम्मति से तीसरा पक्ष के अनुचित प्रभाव के कारण ऑल इंडिया फुटबॉल फेडरेशन (एआईएफएफ) के तत्काल प्रभाव से निलंबित करे के फसिला किया है, जवन फीफा के नियमन के गंभीर उल्लंघन हs।” एही कारणे भारत से u17 वुमेंस वर्ल्ड कप के मेजबानी छिने के कगार पs बा, बाकिर अभियो कुछ समे बाकी बा।

फीफा कावर से इहो कहल गइल कि आदेश मिलतही निलंबन हटा लिहल जाई। एआईएफएफ कार्यकारी समिति के शक्तियन के ग्रहण करे खातिर प्रशासकन के एगो समिति के गठन निरस्त कs दिहल गइल बा आ एआईएफएफ प्रशासन एआईएफएफ के दैनिक ममिलन पs पूरा नियंत्रण हासिल कs लेला। प्रेस रिलीज में आगे कहल गइल, “निलंबन के मतलब बा कि फीफा अंडर-17 महिला फुटबॉल विश्व कप 2022, जवन भारत में 11-30 अक्टूबर 2022 के होखे वाला बा, वर्तमान में भारत में योजना के अनुसार आयोजित नइखे कइल जा सकत।”

फीफा टूर्नामेंट के संबंध में अगिला डेग के आकलन कs रहल बा जरूरत पड़ला पs एह ममिला के परिषद के ब्यूरो के भेजी। फीफा के प्रेस रिलीज में आगे इहो कहल गइल बा, “फीफा भारत में युवा मामला आ खेल मंत्रालय के संगे लगातार संपर्क में बा आ उम्मेद बा कि ममिला के सकारात्मक परिणाम अभियो प्राप्त कइल जा सकत बा।” अगर अइसन होत बा तs भारतीय फुटबॉल से बड़ संकट टल सकेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.