Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CERT-In: हैकिंग के शिकार हो सकत बाड़े क्रोम यूजर्स, सरकार देलख चेतावनी

538
Google Ads 300*250 for posts

CERT-In कहलख कि हैकर्स इन बग के मदद से कवनो सिस्टम के हैक कs सकत बाड़े आ ओह रिमोटली कंट्रोलो कs सकत बाड़े। क्रोम में सेव कवनो भी पासवर्ड के हैकर्स देख सकत बाड़े आ कॉपी कs सकत बाड़े।

Chrome hack

भारतीय कंप्यूटर इमरजेंसी रेस्पॉन्स टीम (CERT-In) गूगल क्रोम यूजर्स के बड़ चेतावनी देले बा। CERT-In की ओर से कहल गइल बा कि गूगल क्रोम ब्राउजर में कए गो बग बा । जेकर फायदा उठाके हैकर्स रउवा के शिकार बना सकत बाड़े । CERT-In लोग के एह बग से बचे के तरीका भी बतवले बा। CERT-In ई खामियन के उच्च स्तरीय बतवले बा। CERT-In कहले कि हैकर्स इन बग के मदद से कवनो भी सिस्टम के हैक कs सकत बाड़े आ ओह रिमोटली कंट्रोल भी कs सकत बाड़े। क्रोम में सेव कवनों भी पासवर्ड के हैकर्स देख सकत बाड़े आ कॉपी कs सकत बाड़े।

बग से प्रभावित क्रोम के वर्जन

  • विंडोज खातिर 128.0.6613.113/114 वर्जन
  • मैक खातिर 128.0.6613.113/.114 वर्जन
  • लिनक्स 128.0.6613.113 वर्जन

रउवा का करे के चाहि?

पहिला काम तs ई बा कि अपना क्रोम ब्राउजर के अपडेट करी। आमतौर पs तs क्रोम ब्राउजर के डिफॉल्ट सेटिंग ऑटो अपडेट होखेला बाकी रउवा चाही तs मैनुअल भी कs सकत बानी। एकरा खातिर क्रोम ब्राउजर के सेटिंग में जाके “About Chrome” में जाई आ अपडेट

करी।

946330cookie-checkCERT-In: हैकिंग के शिकार हो सकत बाड़े क्रोम यूजर्स, सरकार देलख चेतावनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.