Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CBSE बोर्ड कक्षा 9वीं से 12वीं तक के छात्रन खातिर लियाईं ओपन बुक परीक्षा, पायलट प्रोजेक्ट के ट्रायल एही साल

726

CBSE Open Book Exam 2024: सीबीएसई बोर्ड पिछला साल रिजल्ट के प्रारूप में बदलाव कइले रहे । उहवें एह साल पूरा परीक्षा पद्धतिए के बदले में लाग गइलऽ बा । CBSE एह साल ओपन बुक परीक्षा के ट्रायल शुरू करे जा रहलऽ बा।

नई दिल्ली: CBSE Open Book Exam 2024: केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) पिछला साल सीबीएसई बोर्ड परीक्षा आ रिजल्टनऽ में कय तरह के बदलाव के घोषणा कइले रहे । उहवें साल के शुरुआत में सीबीएसई ओपन बुक एग्जामिनेशन के पायलट प्रोजेक्ट के प्रस्ताव रख बड़हन धमाका कइले बा । सीबीएसई पिछला साल जारी नया नेशनल कैरिकुलम फ्रेमवर्क (NCF) सिफारिशन के अनुरूप, कक्षा 9वीं से 12वीं तक के सब छात्रनऽ खातिर ओपन बुक परीक्षा (OBE) पS विचार कर रहलऽ बा। सीबीएसई एह साल के अंत में कक्षा 9वीं आ 10वीं खातिर अंग्रेजी, गणित आ विज्ञान आ कक्षा 11वीं आ 12वीं खातिर अंग्रेजी, गणित आ जीवविज्ञान खातिर कुछ स्कूलनऽ में ओपन बुक परीक्षा करवावे के प्रस्ताव देले बा । इ हितधारक के प्रतिक्रिया आ एहमें छात्रन द्वारा लेवलऽ गइलऽ समय के जाने के खातिर प्रस्तावित कइलऽ गइलऽ रहे

CBSE Board Exam 2024: सीबीएसई बोर्ड परीक्षा पास होखे खातिर एतना अंक जरूरी, जानी 10वीं, 12वीं के मार्किंग स्कीम 

पहिलहुँ हो चुकलऽ बा इ प्रयोग

सीबीएससी ओपन बुक परीक्षा पद्धित नया नइखे, सीबीएसई साल 2014-15 से 2016-17 ले तीन बरिस खातिर कक्षा 9वीं आ 11वीं के परीक्षा खातिर ओपन टेक्स्ट आधारित मूल्यांकन (ओटीबीए) के प्रयोग कइले रहे , हालांकि तब छात्रन आ शिक्षाविदनऽ से नकारात्मक प्रतिक्रिया मिललऽ रहे ।

 

कोविड काल में भइल रहे एही तर्ज पS परीक्षा 

सीबीएसई ओपन बुक एग्जाम पायलट प्रोजेक्ट के एह साल नवंबर-दिसंबर के महीना में ट्रायल करी । जदि इ ट्रायल सफलऽ रहलऽ तऽ सीबीएसई एह पS फइसला करी की कक्षा 9वीं से 12वीं के छात्रन खातिर मूल्यांकन के एह रूप के ओकरे सब स्कूलन में अपनावलऽ जाए के चाहि की ना। सीबीएसई एह संबंध में दिल्ली विश्वविद्यालय से परामर्श करे के फैसला कइले बा । रउवा के बता दें कि कोविड काल में डीयू सहित दोसर अन्य यूनिवर्सिटी द्वारा ओपन बुक परीक्षा लेवल गइलऽ रहे, बाकी एकर छात्रन द्वारा जमके विरोध कइलऽ गइलऽ रहे । एतने ना छात्रनऽ एकरा के लेके कोर्ट के दरवाजा खटखटवले रहले । परीक्षा में छात्रनऽ के आपन उत्तर पुस्तिका, गैजेट, अध्ययन सामग्री आ सैनिटाइज़र लीयावे खातिर कहलऽ गइलऽ रहे ।

 

 

747440cookie-checkCBSE बोर्ड कक्षा 9वीं से 12वीं तक के छात्रन खातिर लियाईं ओपन बुक परीक्षा, पायलट प्रोजेक्ट के ट्रायल एही साल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.