CBSE Admit Card : सीबीएसई 10वीं-12वीं के परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र जारी, संगम पोर्टल से करीं डाउनलोड

Share

CBSE Admit Card : केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (सीबीएसई) साल 2026 में होखे वाला कक्षा 10वीं आ 12वीं के बोर्ड परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड जारी कs देले बा। बोर्ड आधिकारिक परीक्षा संगम पोर्टल parikshasangam.cbse.gov.in पs एडमिट कार्ड डाउनलोड करे के सुविधा सुरू कs देले बा।

एडमिट कार्ड में छात्र के नाम, रोल नंबर, जन्म तिथि, परीक्षा केंद्र के नाम आ पूरा पता लिखल रही। एकरा संगही कवना विषय के परीक्षा कब होई, परीक्षा के समय आ विषय कोड एडमिट कार्ड में दिहल गइल बा।

सीबीएसई बोर्ड परीक्षा 2026 में सामिल होखे वाला नियमित छात्र लोग खुद से एडमिट कार्ड डाउनलोड ना करी। स्कूल के अधिकारी परीक्षा संगम पोर्टल पs लॉग इन होके कक्षा 10वीं आ 12वीं के छात्रन के एडमिट कार्ड डाउनलोड करी लोग। एकरा बाद स्कूल प्रधानाचार्य के हस्ताक्षर आ स्कूल के मुहर लगाके एडमिट कार्ड छात्रन के दी लोग। बिना मुहर आ हस्ताक्षर वाला एडमिट कार्ड परीक्षा केंद्र पs मान्य ना होई, एह चलते छात्र लोग स्कूल से मिलल एडमिट कार्ड परीक्षा में ले जाई।

परीक्षा के तारीख

सीबीएसई के तय कार्यक्रम के अनुसार कक्षा 10वीं आ 12वीं के बोर्ड परीक्षा 17 फरवरी 2026 से सुरू होई। कक्षा 10वीं के परीक्षा अलग-अलग चरण में आयोजित होई आ 11 मार्च 2026 के खत्म होई। ओहिजा कक्षा 12वीं के बोर्ड परीक्षा 10 अप्रिल 2026 तक चली। सब विषयन के परीक्षा के तारीख बोर्ड पहिलही जारी कs चुकल बा।

CBSE Admit Card 2026 : अइसे डाउनलोड करीं प्रवेश पत्र

  • सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट parikshasangam.cbse.gov.in पs जाईं।
  • होमपेज पs Schools Login के विकल्प पs क्लिक करीं।
  • अब स्कूल अपना यूजर आईडी आ पासवर्ड डाल के लॉग इन करी।
  • लॉग इन के बाद Admit Card से जुड़ल लिंक चुनीं।
  • कक्षा 10वीं भा 12वीं चुनला के बाद छात्रन के एडमिट कार्ड डाउनलोड करीं।
  • डाउनलोड कइला के बाद एडमिट कार्ड के प्रिंट निकाल लीं।
  • प्रिंट कइल एडमिट कार्ड पs प्रधानाचार्य के हस्ताक्षर आ स्कूल के मुहर लगवावल जाई।
  • एकरा बाद एडमिट कार्ड छात्रन में बांटल जाई।

Read Also: Share Bazar : सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 3200 आ निफ्टी 1200 से जादे अंक उछलल, ट्रेड डील के असर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-