ओडिशा ट्रेन हादसा में CBI रेलवे के तीन गो कर्मचारी के कइले गिरफ्तार, गैर इरादतन हत्या के केस

Minee Upadhyay

 

ओडिशा के बालासोर में 2 जून के भईल ट्रेन दुर्घटना में सीबीआई शुक्रवार के रेलवे के 3 कर्मचारी के गिरफ्तार क लेलस। तीनों के आईपीसी धारा 304 के तहत गिरफ्तार कईल गईल बा। केंद्रीय जांच एजेंसी ए ट्रेन दुर्घटना में आपराधिक साजिश के संभावना के जांच करत रहे। गिरफ्तार भईल रेलवे के तीन कर्मचारी के नाम सीनियर सेक्शन इंजीनियर अरुण कुमार महांतो, सीनियर सेक्शन इंजीनियर मोहम्मद आमिर खान आ टेक्निशियन पप्पू कुमार बा। बता दी कि धारा 304 के तहत सजा में आजीवन कारावास आ जुर्माना भा कठोर कारावास शामिल बा। सूत्र बतावत बाड़े कि ए तीनों के लापरवाही के चलते एतना बड़ दुर्घटना भईल।

बालासोर के बाहानगा बाजार रेलवे स्टेशन के लगे 2 जून के सांझ के करीब 7 बजे स्टेशन पs खड़ा मालगाड़ी से कोरोमंडल एक्सप्रेस टकरा गईल। बेंगलुरु-हावड़ा सुपरफास्ट एक्सप्रेस भी एकरा पकड़ में आ गईल। एह ट्रेन दुर्घटना में 292 लोग के मउत हो गइल आ 1000 से अधिका लोग घायल हो गइल।

अब बाहानगा बाजार स्टेशन पs कवनो ट्रेन ना रुकेला

बाहानगा बाजार रेलवे स्टेशन से रोजाना लगभग 170 ट्रेन गुजरेली स। दुर्घटना के बाद सीबीआई ने लॉग बुक, रिले पैनल अवुरी उपकरण जब्त क स्टेशन के सील क देलस। फिलहाल बाहानगा बाजार स्टेशन पs कवनो ट्रेन ना रुकेला।

सीआरएस कर्मचारियन के लापरवाही के पर्दाफाश कइलस। 

कथित तौर पs सीआरएस कुछ जमीनी अधिकारी के ओर से लापरवाही के खुलासा कईले रहे, जवन कि तीन साल पहिले सुरक्षा के चिंता के चलते डिजाइन में बदलाव के बाद निरीक्षण के पर्याप्त सुरक्षा प्रक्रिया के पालन ना कईले रहले।

3 जून के प्राथमिकी दर्ज भईल रहे

3 जून के बालासोर के जीआरपीएस में ओडिशा के ट्रिपल ट्रेन दुर्घटना के लेके प्राथमिकी दर्ज भईल रहे। बाद में रेल मंत्री ए घटना के सीबीआई जांच के मांग कईले। केंद्र सरकार के सहमति के बाद सीबीआई ए मामला के अपना हाथ में ले लेले रहे।

अबे ले 42 लाश के पहचान नईखे भईल

ओडिशा में भईल ट्रेन दुर्घटना में जान गंवा चुकल 42 लोग के लाश के अबे ले पहचान नईखे भईल। जवना के चलते अबे ले 42 लोग के लाश भुवनेश्वर के अस्पताल में राखल बा। अबहीं ले एह लाशन के डीएनए टेस्ट रिपोर्ट के इंतजार बा। साथही डीएनए रिपोर्ट जल्दिए आवे के उमेद बा।

कुछ मरेवाला के बारे में परिवार के कवनो सदस्य चाहे रिश्तेदार लाश लेवे नईखन आईल। जबकि दुर्घटना के बाद 81 मरेवाला यात्री के डीएनए टेस्ट करावल गईल। एहमें 39 गो मरे वाला के डीएनए नमूना के मिलान कइला के बाद लाश के आखिरी संस्कार करे खातिर ओह लोग के परिवार के सौंप दिहल गइल।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।