मशरक दलित बस्ती में अचानक लागल आग, फुसनुमा घर जरल, लाखन के संपति के भइल नुकसान

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2023

मशरक (सारण):  अतवार के दिन मशरक थाना से करीब 300 मीटर उत्तर दलित टोला में अचानक लागल अगलगी में फुसनुमा घर जरके राख हो गइल। पीड़ित के पहचान दलित टोला गांव निवासी दीनानाथ मांझी के

Share

मशरक (सारण):  अतवार के दिन मशरक थाना से करीब 300 मीटर उत्तर दलित टोला में अचानक लागल अगलगी में फुसनुमा घर जरके राख हो गइल। पीड़ित के पहचान दलित टोला गांव निवासी दीनानाथ मांझी के रूप में भूल।

घटना के बारे में ग्रामीण लोग बतावल कि परिवार के सब लोग खाना बना के खा लिहल आ खेतन में धान के रोपनी करे गइल रहे लो। एकबैक आग के लपटे उठे लागल। अगल बगल से पहुंचल ग्रामीण आग पs काबू पावे के कोसिस कइल बाकिर आग के तेज लपट उठत देख फायर ब्रिगेड के सूचना दिहल गइल। मवका पs पहुंचल फायर ब्रिगेड के टीम आग पs काबू पवलस। तब तक आग लाखन रूपिया के संपति जराके राख कs देलस।

आग में कपड़ा, बिछवना, खाये-पीये के सामान, नगदी सहित आउर सब सामान जरके राख हो गइल। नगर पंचायत मुख्य पार्षद सोहन महतो आ वार्ड पार्षद राजेश कुमार तिवारी बतवलें कि अग्निकांड पीड़ित परिवार के सरकारी सहायता दिवावल जाई।

साभार: मशरक न्यूज (बिहार)

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.