दक्षिण कन्नड़ आ उडुपी जिलन में बारिश से संबंधित घटना में आठ गो लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 8, 2023

  कर्नाटक के दक्षिण कन्नड़ जिला में शुक्रवार के सबेरे भूस्खलन में एगो महिला के मउत हो गईल जबकि उडुपी जिला में एगो बाइक सवार के पेड़ गिरला से ओकर जान चल गईल। एकरा बाद

Share

 

कर्नाटक के दक्षिण कन्नड़ जिला में शुक्रवार के सबेरे भूस्खलन में एगो महिला के मउत हो गईल जबकि उडुपी जिला में एगो बाइक सवार के पेड़ गिरला से ओकर जान चल गईल। एकरा बाद एह हफ्ता एह दुनु तटीय जिला में बरखा के चलते जान गँवावे वाला लोग के संख्या बढ़ के आठ हो गइल बा। दक्षिण कन्नड़ जिला के बंटवाल तालुक के सजिपमुन्नूर गांव के नंदवारा में शुक्रवार के सबेरे भईल भारी बरखा के चलते एगो पहाड़ी के कुछ हिस्सा एगो घर पs गिरला से एगो महिला के मउत हो गईल पुलिस के कहनाम बा।

उ बतवले कि महिला के पहचान मोहम्मद नामक व्यक्ति के पत्नी जरीना (47) के रूप मे भइल। एकरा से पहिले उनुकर बेटी साफा (20 साल) के दमकल अवुरी बचाव विभाग के जवान अवुरी पुलिस मलबा से निकाल लेले रहे। उडुपी जिला में एगो अवुरी घटना में बाइक सवार पs एगो बड़ पेड़ गिर गईल, जवना से उनुकर मउत हो गईल। गुरुवार के रात उ करकला-पडुबिद्री राज्य राजमार्ग पs बेलमन कस्बा से गुजरत रहले कि उनुका बाइक पs पेड़ गिर गईल। पुलिस के कहनाम बा कि मरेवाला के पहचान पिलार निवासी 30 साल के प्रवीण आचार्य के रूप में भईल बा।

पुलिस के कहनाम बा कि, इ दुर्घटना सबेरे करीब 9.30 बजे भईल जब भारी बरखा होखत रहे। उनुका मुताबिक उनुका के अस्पताल पहुंचावल गईल, लेकिन रास्ता में आदमी के मउत हो गईल। राजस्व विभाग के अधिकारी बतवले कि एकरा संगे दुनो जिला में बरखा से जुड़ल घटना में मरेवाला के संख्या सप्ताह के दौरान आठ हो गईल। सूत्र बतवले कि एगो अवुरी घटना में उडुपी के नजदीक कल्लीयानापुरा-संथेकट्टे जंक्शन पs राष्ट्रीय राजमार्ग 66 पs बनल अंडरपास के एगो हिस्सा बुधवार के रात लगातार भईल बरखा के चलते गिर गईल।

एकरा संगे दक्षिण कन्नड़ जिला के बेलथांगडी तालुका के गदाई कल्लू में वन विभाग शुक्रवार से ट्रेकिंग पs रोक लगा देले बा, काहेंकी ए पहाड़ी पs जाए वाला रास्ता पे फिसलन हो गईल बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.