Up Road Accident : औरैया में नहर में गिरल कार, महिला सहित तीन लोग के डूबला से मौत

Car fallen into canal in Auraiya Uttar Pradesh, three people died in road accident

Share

औरैया। यूपी के औरैया जिला के अछल्दा थाना इलाका में तुरुकपुर गांव के लगे निचली गंग नहर में एगो कार गिर गइल। एह भयानक हादसा में एगो महिला आ दू गो पुरुष सहित कुल तीन लोगन के डूबला से जान चल गइली। ई घटना रात के समय बुंदेलखंड एक्सप्रेस-वे के नीचे से निकलल नहर में भइल, जब कार इटावा तरफ जात रहे।

सबेरे भोर में गांव के लोग नहर में कार पड़ल देखल। ओकरा बाद फौरन स्थानीय पुलिस के सूचना दिहल गइल। खबर मिलतही थाना प्रभारी पंकज मिश्रा अपना टीम के संगे मवका पs पहुंचलें। पुलिस कड़ा मशक्कत के बाद कार के नहर से बाहर निकलववलस।

कार के भीतर से तीनो लोगन के शव बरामद भइल। खबर लिखल जाये तक मृतकन के पहचान ना हो सकल रहे। हालांकि कार के रजिस्ट्रेशन नंबर के आधार पs आशंका जतावल जा रहल बा कि मृतक इटावा जिला के रहल हो सकत बा।

प्रारंभिक जांच में कार मालिक के नाम राजीव गुप्ता, निवासी इटावा, सामने आइल बा। हादसा के जानकारी मिलतही सिंचाई विभाग एहतियातन नहर के पानी बंद करवा देलस, ताकि राहत आ जांच के काम में दिक्कत ना आवे।

पुलिस ममिला के जांच में जुटल बिया आ हादसा के सही कारण पता लगावे के कोसिस चल रहल बा।

Read Also: T20 WC 2026 Super 8 में का भारत के मिलल आसान ग्रुप? 22 फरवरी के साउथ अफ्रीका से होई टक्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-