गोरखपुर। खोराबार इलाका में एगो सनसनीखेज घटना सामने आइल बा, जहां एगो विवाहिता के चार गो जुवक चार पहिया वाहन में सवार होके अपहरण कs के ले गइलें सs। घटना तब घटल जब महिला अपना पति के संगे तरकुलहा देवी के दर्शन कs के लवटत रहली। पीड़ित पति खोराबार थाना में तहरीर देले बा आ पुलिस ममिला के गंभीरता से जांच कs रहल बिया।
चार पहिया सवार जुवक विवाहिता के कइलस अगवा
पुलिस के मोताबिक, सनीचर के दुपहरिया विवाहिता अपना पति के संगे बाइक पs तरकुलहा माता मंदिर दर्शन करे खातिर गइल रहे। दर्शन के बाद जब ऊ घरे लवटत रहे लो, तो खोराबार के जंगल सीकरी बाईपास पs पहुंचल लो। उहां पति गाड़ी एगो काम से रोकले, तबे अचानक चार पहिया वाहन में सवार जुवक अइलें सs आ महिला के अपना गाड़ी में बइठाके तेज रफ्तार से मोतीराम अड्डा कबदिशा में फरार हो गइल। महिला के पति वाहन के पीछा कइलें, बाकिर आरोपी वाहन चालक तेज रफ्तार में रहे, जवना से ऊ ओकनी पीछा ना कs सकलें।
कवनो जुवक से फोन पs करत रहे बात विवाहिता
विवाहिता के पिता, जे भौवापार निवासी बाड़ें, खोराबार थाना में तहरीर देले बाड़ें। ऊ बतवलें कि उनकर बेटी के बियाह 20 नवंबर के खोराबार के एगो जुवक से भइल रहे। ऊ आरोप लगवलें कि बियाह के बाद उनकर बेटी कुछ समय से कवनो जुवक से फोन पs बात करत रहे, जवना पs परिवार के लोग ओकरा के मना कइले रहे। सनीचरो के महिला कवनो जुवक से बात करत रहे आ ओहि दौरान ई घटना घटल।
अपहरण के गुत्थी सुलझावे में जुटल पुलिस
खोराबार पुलिस ममिला दर्ज कs लेले बिया आ महिला के तलाश में जुट गइल बिया। पुलिस अधिकारी लोग बतावल कि ममिला के गहराई से जांच कइल जा रहल बा आ पुलिस के टीम जगह-जगह छापेमारी कs रहल बिया। पुलिस के कहनाम बा कि ई घटना प्रेम प्रसंग से जुड़ल हो सकत बा, हालांकि अभी ले कवनो ठोस सबूत के बिना एह पs टिप्पणी नइखे कइल जा सकत।
ससुराल में विवाद कि प्रेम प्रसंग?
विवाहिता के परिजनन के मोताबिक, बियाह के बाद महिला अपना ससुराल में खुश ना रहे आ ऊ अक्सर कवनो अज्ञात जुवक से बात करत रहत रहे, जवना पs परिवार के लोग मना कइले रहे। परिवार के मोताबिक, महिला के ससुराल में सब कुछ ठीक ना चलत रहे आ एह घटना के बाद परिवार के आपसी नाराजगियो से एह ममिला से जोड़ल जा रहल बा।
पुलिस अधिकारियन के कहनाम बा कि अपहरण के एह ममिला में सब एंगल से जांच सुरू कs दिहल गइल बा। पुलिस अब इहो पता लगावे के कोसिस कs रहल बिया कि का ई घटना कवनो पुरान दुश्मनी के परिणाम बा भा ई खाली एगो प्रेम प्रसंग से जुड़ल ममिला बा। जांच जारी बा आ जल्दिये ममिला के पूरी सच्चाई सामने आ सकत बा।
साभार: दैनिक भास्कर