[the_ad_group id="30365"]

Encounter: तेलंगाना में पुलिस के बड़ सफलता, मुठभेड़ में सात माओवादी ढेर, शीर्ष कमांडर के मारल गइला के दावा

माओवाद (सांकेतिक) - फोटो : एएनआई
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तेलंगाना पुलिस बड़ सफलता हासिल करत सात माओवादियन के एगो मुठभेड़ में ढेर कs देले बिया। ई मुठभेड़ मुलुगु जिला के एतुरागारम के जंगलन में भइल। मुलुगु के एसपी डॉ. सबारिश ई जानकारी देलें। पुलिस माओवादियन के कब्जा से बड़ मात्रा में हथियार आ गोला-बारूद बरामद कइले बिया।

माओवादियन के शीर्ष कमांडर के मारल गइला के खबर

पुलिस बतवलस कि तेलंगाना पुलिस आ माओवादियन के बीच मुठभेड़ मुलुगु जिला के एतुरंगारम मंडल के चलपाका इलाका के जंगलन अतवार के सबेरे भइल। एह मुठभेड़ में येलांदु-नरसमपेट इलाका के कमेटी के कमांडर बदरु उर्फ पापन्ना के मारल गइला के खबर बा। हालांकि अभी ले एकर आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। एह मुठभेड़ के लेके अभी ले पुलिस प्रशासन के ओर से कवनो बयान जारी नइखे कइल गइल।

एकरा पहिले सितंबरो महीना में तेलंगाना पुलिस आ माओवादियन के बीच तेलंगाना के भद्राद्री के कोठागुडेम इलाका में मुठभेड़ भइल रहे, जेमे छव माओवादी मारल गइल रहs सs आ दुगो पुलिसकर्मी घायल भइल रहे लो। मारल गइल माओवादियन में एगो महिला सामिल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]