मथुरा। भरतपुर जिला के भुसावर कस्बा में सनीचर सांझ के एगो दर्दनाक सड़क हादसा में सरकारी चिकित्सक डॉ. विनोद कुमार मीणा के मौत हो गइल। हादसा एतना भीषण रहे कि कार में आग लगला से डॉक्टर जिंदा जर गइलें। ई हादसा भुसावर थाना से महज 100 मीटर के दूरी पs भइल। घटना के बाद इलाका में सनसनी फइल गइल आ मवका पs बड़ संख्या में लोग जमा हो गइल।
जानकारी के अनुसार, डॉ. विनोद कुमार मीणा गंगापुर सिटी निवासी रहस। ऊ वर्तमान में भुसावर के सरकारी अस्पताल में चिकित्सक के पद पs कार्यरत रहस। सनीचर के सांझ करीब 6 बजे ऊ अपना कार से कहीं जात रहस, तबे भुसावर-वैर मार्ग पs कार अनियंत्रित होके सड़क किनारे बनल देवार से जा टकराइल। टक्कर के तुरंत बाद कार में आग लाग गइल। प्रत्यक्षदर्शियन के अनुसार आग एतना तेजी से फइलल कि डॉ. मीणा कार से बाहर ना निकल सकलें। ऊ कार के भीतरी जिंदा जल गइलें।
दमकल पहुंचल, बाकिर ना बचल जान
हादसा के सूचना मिलतही भुसावर थाना पुलिस आ दमकल के टीम मवका पs पहुंचल। स्थानीय लोग आ दमकलकर्मियन के मदद से आग पs काबू पावे के प्रयास कइल गइल, बाकिर तब तक बहुत देर हो चुकल रहे। कार में फंसल डॉ. मीणा के मवके पs मौत हो गइल। पुलिस शव के कार से बाहर निकलवाके भुसावर के सरकारी अस्पताल के मोर्चरी में रखववलस।
थानाधिकारी नरेश शर्मा बतवलें कि मृतक चिकित्सक के परिजनन के सूचना दे दिहल गइल बा। परिजनन के अइला के बाद अतवार के पोस्टमार्टम करावल जाई। प्रारंभिक जांच में ई सामने आइल बा कि कार संभवतः सीएनजी से चलत रहे आ टक्कर के बाद गैस लीक होके आग के कारण बनल। हालांकि आग लगला के असल वजह के जांच कइल जा रहल बा।
डॉ. विनोद मीणा अपना पीछे एगो बेटा छोड़ गइल बाड़ें। उनकर माता-पिता के मृत्यु पहली कोरोना संक्रमण के दौरान हो चुकल रहे। परिवार पs एक बेर फेर से दुखन के पहाड़ टूट पड़ल बा। घटना के जानकारी मिलतही चिकित्सा विभाग आ अस्पताल के स्टाफ में शोक के लहर दउड़ गइल बा।
Read Also: Gorakhpur News: 20 बरिस चचेरा भाई नाबालिग बहिन संगे कइलस दुष्कर्म, मुकदमा दर्ज