Gorakhpur: मुंबई से आइल कॉल बचा लेलस एटीएम में चोरी के घटना, आरोपी के गिरफ्तार क के भेजल गइल जेल

Share

गोरखपुर जिला के शाहपुर इलाका में एटीएम चोरी के घटना के मुंबई से आइल कॉल के मदद से पुलिस बचा लेलस। ओहिजा, सीसीटीवी कैमरा के मदद से आरोपी के पहचान क के बियफे के गिरफ्तार क लिहल गइल। पुलिस आरोपी के कोर्ट में पेश कइलस, जहां से जेल भेजल गइल।

पकड़ल गइल आरोपी के पहचान पीपीगंज के बनकटवा निवासी विकास प्रताप सिंह उर्फ विक्की के रूप में भइल। विकास वर्तमान में शाहपुर के अशोकनगर बशारतपुर में रहेला। प्रभारी निरीक्षक शाहपुर रणधीर मिश्रा बतवलें कि पांच नवंबर के सबेरे करीब चार से पांच बजे के बीच शाहपुर के सुड़िया कुआं स्थित एचडीएफसी बैंक के एटीएम में एगो जुवक घुस गइल।

ऊ एटीएम के तुड़के चोरी के प्रयास करे लागल। एह दौरान बैंक के मुख्यालय मुंबई से पुलिस के सूचना दिहल गइल।। तत्काल पुलिस मवका प पहुंच गइल। पुलिस के सायरन के सुनके आरोपी फरार हो गइल।

पुलिस अज्ञात के खिलाफ केस दर्ज क के जांच में जुट गइल। एटीएम के सीसीटीवी फुटेज आ अगल-बगल के आउर कैमरन में चोर के तस्वीर मिलल। जवना के आधार प पहचान क के पुलिस ओकरा के गिरफ्तार क लेलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-