[the_ad_group id="30365"]

रेलवे बोर्ड डायरेक्टर के फर्जी आदेश बनवा के 1.95 करोड़ हड़पलस, भइल गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जार्जटाउन में बुलेट एजेंसी संचालक रजत केशरवानी से 1.95 करोड़ के ठगी कइले के आरोपी गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहल गइल। आरोप बा कि ऊ डायरेक्टर, रेलवे बोर्ड के फर्जी आदेश देखा के उनसे रुपये अइठलस। ई रेलवे स्क्रैप के ठेका से संबंधित रहल। पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कs के जेल भेज दिहले। हाशिमपुर निवासी रजत अल्लापुर डॉट पुल के पास बुलेट एजेंसी चलावेने। ऊ पुलिस के बतवलें कि खुल्दाबाद निवासी अजहर अनीस उस्मानी उनकर जाने वाला रहल। आरोप बा कि रेलवे स्क्रैप के ठेका दियावे के बात कह के ऊ उनसे 1.95 करोड़ रुपया तीन अलग-अलग खाता में जमा करा लिहलें।
एकरे खातिर ऊ डायरेक्टर, रेलवे बोर्ड के जाली दस्तखत अउर मुहर लगा फर्जी आदेश भी दिखवलें। धोखाधड़ी में कुछ अन्य लोग अउर महिला भी शामिल बाड़ी। ठेका न मिलले पर वजह पूछले पर ऊ पहले त आनाकानी करत रहे। फिर रुपये वापस मांगल गइल त कई बेर जान से मारे के धमकी दीहलस। पुलिस मुकदमा दर्ज कर आरोपी के तलाश शुरू कइलें अउर ऊ कुछ ही घंटा बाद गिरफ्तार कर लिहलें। जार्जटाउन थानाध्यक्ष धीरेंद्र सिंह बतवलें कि कोर्ट के अनुमति से आरोपी के जेल भेज दिहल गइल बा। ऊ साथियन के बारे में पता लगावल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]