BYJU’S के बड़ घोषणाः फुटबॉल ऑइकन लियोनेल मेसी के बनवलस आपन ब्रांड एम्बेसडर

Anurag Ranjan

दुनिया के लीडिंग एजुकेशन टेक्नोलॉजी कंपनी ई घोषणा कइलस कि एजुकेशन फॉर ऑल प्रोग्राम खातिर स्टार फुटबॉलर लियोनेल मेसी के ब्रांड एंबेसडर बनवले बा। मेसी अर्जेंटीना फुटबॉल टीम के कैप्टन बाड़ें आ पेरिस सेंट जर्मन क्लब खातिर खेलत बाड़ें। मेसी BYJU’S के संगे देश में बेहतर एजुकेशन के प्रमोट करे खातिर करार प साइन कइलें बाड़ें।

BYJU’S के कहनाम बा कि 5.5 मिलियन भारतीयन के आवाज के दुनिया के सबसे बड़ आ स्टार फुटबॉलर लियोनेल मेसी के आवाज मिली। BYJU’S के एजुकेशन फॉर ऑल प्रोग्राम नॉन प्राफिट बा आ देश भर के 5.5 मिलियन लईकन खातिर चलावल जा रहल बा। एकर बेहतर सोशल इम्पक्टो बा। कंपनी के कहनाम बा कि दुनिया के सबसे लोकप्रिय फुटबॉल प्लेयर के संगे ओकर जुड़ाव से BYJU’S के ग्लोबल फुटप्रिंट बढ़ी। कंपनी सभे खातिर बेहतर आ अफोर्डेबल एजुकेशन देवे के लक्ष्य रखले बिया। एकरा पहिले BYJU’S ने एगो आउर उपलब्धि तब हासिल कइलस जब BYJU’S कतर में होखे वाला फीफा वर्ल्ड कप 2022 के ऑफिशियल स्पांसर बनल। दुनियाभर में फुटबॉल के लगभग 3.5 बिलियन फैन बा लो।  एमे से 450 मिलियन लोग लियोनेल मेसी के सोशल मीडिया के फॉलो करत बा।

एह लांग टर्म एनगेजमेंट में लियोनेल मेसी फीफा वर्ल्ड कप 2022 जीते के कैंपेन करिहें। मेसी अपना देश अर्जेंटीना के जीत खातिर कैंपेन करिहें। संगही BYJU’S के एजुकेशन फॉर ऑल के प्रमोट करिहें। BYJU’S के मानल बा कि लियोनेल मेसी ग्रेटेस्ट लर्नर ऑफ ऑल टाइम बाड़ें। उनका एही स्किल के वजह से आ सीखे के जिज्ञासा के कारण ई संभव हो सकल बा कि फुटबॉल में का-का हो सकत बा। मेसी के दुनिया के सबसे बेहतर पासर, बेस्ट ड्रिब्लर आ बेस्ट फ्री-किक लगावे वाला प्लेयर मानल जाला। उनकर ई सफलता दर्शावत बा कि ऊ हर दिन कुछ ना कुछ नया सीखके सफलता के सीढ़ियन प चढ़ल बाड़े। BYJU’S ई विश्वास करत बिया कि मेसी दुनिया भर के करोड़न युवा लोगन खातिर प्रेरणास्रोत बाड़ें। संगही ऊ वर्क एथिक्स, स्टडी ऑफ द गेम आ सीखला से प्यार के कला विकसित करे खातिर प्रेरित करत बाड़ें।

एकर घोषणा करत BYJU’S के को फाउंडर दिव्या गोकुनाथ कहलें कि हम एह बात से गौरवान्वित आ उत्साहित बानी कि लियोनेल मेसी हमनी के ग्लोबल ब्रांड एंबेसडर बनल बाड़ें। मेसी पीढ़ियन में पाइल जाये वाला अइसन प्लेयर बा जे एक्लीलेंस के संगे मानसिकता, मानवता आ विश्वास में गहराई रखत बाड़ें, जवन BYJU’S के ब्रांड वैल्यूओ बा। ऊ जमीन से जुड़ल बाड़ें आ उनकर सफर दुनिया के सबसे सफल फुटबॉलर बनला तक के बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।