Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपचुनाव : नौ बजे ले 10.9 फीसदी मतदान, सपा अउर भाजपा प्रत्याशी कइलें मतदान

614
उत्तर प्रदेश के लखीमपुर खीरी जिला के गोला गोकर्णनाथ विधानसभा उपचुनाव खातिर मतदान चल रहल बा। गुरु नानक गर्ल्स इंटर कॉलेज पोलिंग बूथ पर मतदाता के भीड़ देखल जा रहल बा। गोला विधानसभा के उपचुनाव में बिहाने 9:00 ले 10.09 फीसदी मतदान भइल।
लखीमपुर खीरी के एसपी संजीव सुमन बतवनें कि हर बूथ पर मानक के अनुसार सुरक्षा बल तैनात कइल गइल बा। आजु हमनी के कोशिश बा  कि जेके विधानसभा में वोट देवे आइल बा, उहे आवे नाइ त अन्य कार्य खातिर प्रवेश पर रोक रही। 72 बूथ संवेदनशील बानें, जहां पर अतिरिक्त बल तैनात बा।
आपको बता देईं कि गोला विधानसभा उपचुनाव में 391426 मतदाता सात प्रत्याशियन के भाग्य के फैसला करे जा रहल बानें। विधानसभा के 222 मतदान केंद्र के 441 बूथ पर आजु सुबह सात बजे से मतदान हो रहल बा। मतदान साँझ छह बजे ले होई। मुख्य रूप से मुकाबला भाजपा अउर सपा में बा, जबकि दूसर पांच प्रत्याशी भी चुनाव लड़ रहल बानें।

विधानसभा क्षेत्र 139 गोला के विधायक अरविंद गिरि के निधन के बाद रिक्त भइल सीट पर आजु साँझ छह बजे ले वोट पड़ी, जबकि छह नवंबर के मतगणना होई। भाजपा जहां दिवंगत विधायक अरविंद गिरि के पुत्र अमन गिरी के प्रत्याशी बनवले बा, उहवें सपा अपने पुरान प्रत्याशी अउर पूर्व विधायक विनय तिवारी के मैदान में उतरले बा

एकरे अलावा पांच अन्य प्रत्याशी सर्वहारा विकास पार्टी के बलवीर कश्यप, निर्दलीय अमन भैया, अरविंद कुमार, प्रवेंद्र प्रताप सिंह अउर मंजू रावत भी किस्मत आजमा रहल बानें। सातों प्रत्याशियन के किस्मत के फैसला 3,91,870 मतदाता करिहें। एमें 2,06,520 पुरुष, 1,84,881 महिला मतदाता अउर 25 अन्य मतदाता बानें।

368050cookie-checkउपचुनाव : नौ बजे ले 10.9 फीसदी मतदान, सपा अउर भाजपा प्रत्याशी कइलें मतदान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.