उपचुनाव: खतौली में उप मुख्यमंत्री बृजेश पाठक कइलें जनसभा, विक्रम सैनी के पत्नी जमा कइली नामांकन पत्र

Share

प्रदेश के उप मुख्यमंत्री बृजेश पाठक बियफे के खतौली पहुंचनें। चुनाव के ले के ऊ इहां कार्यकर्ता लोग से चर्चा कइलें। एकरे बाद भाजपा प्रत्याशी राजकुमार सैनी आपन नामांकन फॉर्म जमा करे पहुंचनें।

खतौली में चुनावी सरगर्मी तेज हो गइल बा। उप मुख्यमंत्री बृजेश पाठक बियफे के सुबह करीब 10 बजे खतौली स्थित आर्यन बैंक्वट हॉल में कार्यकर्ता से रूबरू होखे पहुंचनें। इहां ऊ चुनाव पर चर्चा कs रहल बानें। उहवें निवर्तमान विधायक विक्रम सैनी के पत्नी अउर भाजपा प्रत्याशी राजकुमारी सैनी विधानसभा चुनाव खातिर आपन नामांकन फॉर्म जमा कइलें।

खतौली में जीटी रोड स्थित बैंक्वट हॉल में बीजेपी के नामांकन सभा के आयोजन कइल गइल। मुख्य अतिथि के रूप उपमुख्यमंत्री बृजेश पाठक भाग लिहलें। नामांकन सभा में भाजपा प्रत्याशी राजकुमारी सैनी के ले के सभा कइनें। वक्ता कहनें कि निवर्तमान विधायक विक्रम सैनी हिंदुत्व अउर समाज के सेवा कइले के सजा पवले बाने।। मुख्यमंत्री योगी के कौनो भी सिपाही के कम नाइ होखे दिहल जाई।

ई लोग रहल मौजूद

सभा में मंत्री डॉ संजीव बालियान, पूर्व विधायक विक्रम सैनी, वीरपाल निर्वाल, विधायक उमेश मलिक, सुखविंदर सोम, विधायक बृजेश सिंह, सोमेंद्र तोमर मंत्री, सत्येंद्र सिसोदिया, जिला अध्यक्ष विजय शुक्ला, पूर्व विधायक अशोक कंसल अनिल त्यागी, मंत्री कपिल देव अग्रवाल, मोहित बेनीवाल, विधायक अमित अग्रवाल, डॉक्टर सुधीर सैनी, अभिषेक चौधरी, पंकज भटनागर, सुरेश आर्य, सोनू ठाकुर, तुषार चौहान, नवीन उपाध्याय, मनोज राठी, अमित राठी, राजीव गुप्ता, अमित कसाना, वीरेंद्र चौहान आदि लोग शामिल भइलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-