Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऊ हिंदुत्व के प्रणेता: राहुल प भड़कलें सावरकर के पोता, थाना में दर्ज करवलें शिकायत

375

कांग्रेस के पूर्व अध्यक्ष राहुल गांधी के महाराष्ट्र में भारत जोड़ो यात्रा के आज (17 नवंबर, बियफे) 11 वां दिन ह। ऊ अपना प्रेस कॉन्फ्रेंस में विनायक दामोदर सावरकर द्वारा अंग्रेजी सरकार के लिखल चिट्ठी देखावत कहलें कि ऊ अंग्रेजन से माफी मंगले रहस आ ओह लो से कहले रहस था, ‘ सर, हम राउर नौकर रहल चाहत बानी (सर, मैं आपका नौकर रहना चाहता हूं)। राहुल गांधी के एह बयान से सावरकर के पोता रणजीत सावरकर भड़क गइलें।

ऊ राहुल गांधी के गिरफ्तारी के मांग करत मुंबई के दादर इस्थित शिवाजी पार्क पुलिस स्टेशन में शिकायत दर्ज करवा देलें।

राहुल गांधी कहलें कि, ‘सर हम राउर नौकर रहल चाहत बानी, हम ना लिखनी, सावरकर जी अंग्रेजन ले लिखले रहनीं।’ गांधी, नेहरू, पटेल सभे जेल में गइल। ऊ लोग माफी ना मांगल। बाकिर सावरकर माफी मांग लेलें। ऊ अंग्रेज सरकार खातिर काम करत रहस।

नेहरूओ जी पलट गइल रहस, गांधीओ जी माफी मंगले रही- रणजीत सावरकर

एकरा जवाब में रणजीत सावरकर कहलें कि देशद्रोह सावरकर  ना, नेहरू कइलें आ पत्र दिखावे प आइई त इहो देखावल जा सकत बा कि गांधीओ जी माफी मंगले रहीं। रणजीत सावरकर कहलें कि ओह समय शिष्टाचार के नाते एह तरे ले पत्र लिखल जाये के रिवाज रहे। अइसन पत्र शिष्टाचार के तहत लिखल जात रहे बाकिर पंडित जवाहरलाल नेहरू तीन दिन में लेडी माउंटबेटन से मिलके जल्दबाजी में भारत के विभाजन स्वीकार क लेले रहस आ उनकर अइसन कइला से 20 लाख हिंदुअन के कत्ल भइल बा। रणजीत सावरकर आज अपना प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहलें कि सावरकर प अटैक एगो रणनीति के हिस्सा रहें। ऊ हिंदुत्व के प्रणेता रहे। ओहपर अटैक क हिंदुत्व के कमजोर करे के रणनीति ह।

भारत जोड़ो यात्रा नइखें भारत तोड़ो यात्रा– रणजीत सावरकर

रणजीत सावरकर कहलें कि ब्रिटिश सरकार से पेंशन लेवे के कवनो सबूत नइखे। 27 साल तक सजा भोगे वाला सावरकर अकेला नेता रहस। अंग्रेजों के रिकॉर्ड में उनका के मोस्ट डेंजरस मैन कहल गइल बा। उनका पेंशन के का जरूरत रहे। ऊ बैरिस्टर रहस, लाखन रुपिया कमा सकत रहस। रणजीत सावरकर कहलें कि 1921 में नेहरू जी जनता से टैक्स ना भरे के आह्वान कइले रहस। जेल होखला के बाद खुद टैक्स भर देलें। अइसन कइयन गो उदाहरण बा। राहुल गांधी भारत जोड़ो यात्रा ना भारत तोड़ो यात्रा कर रहल बाड़े।

कैबिनेट मीटिंग में राहुल के बयान के बहिष्कार, महाराष्ट्र में कइयन जगह प्रदर्शन

सावरकर से जुड़ल एह विवाद से महाराष्ट्र के राजनीति गरमा गइल बा। आज महाराष्ट्र सरकार के कैबिनेट मीटिंग में राहुल गांधी के एह बयान के भर्त्सना कइल गइल। महाराष्ट्र के ठाणे, नागपुर, सोलापुर आ नासिक समेत अलग-अलग ठिकानन प राहुल गांधी के विरोध में सावरकर समर्थक आ बीजेपी कार्यकर्ता लोग प्रदर्शन सुरू क देले बा लो। राज ठाकरे अपना कार्यकर्ता लोगन के आदेश देले कि बिहान (18 नवंबर, सुक) के राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के काला झंडा दिखावल गइल। बीजेपी के मुंबई उपाध्यक्ष आशीष शेलार कहलें कि राहुल गांधी बेअक्ल बाड़े। इंदिरा गांधी के एगो पत्र राहुल जी नइखन पढ़लें। इदिरा जी अपना एगो पत्र में वीर सावरकर के बहादुरी के याद कइले बाड़ी।

‘भारत जोड़ो यात्रा प रोक लगावल जाय’- ‘हिम्मत बा त यात्रा रोक के देखावे’

उप मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस बिहान मुंबई के एगो सभा में कहलें कि राहुल गांधी वीर सावरकर के लेके एतना नीच बयान दे रहल बाड़े आ आदित्य ठाकरे राहुल गांधी से जाके भारत जोड़ो यात्रा के दौरान गले मिल रहल बाड़े। काल्ह शिंदे गुट के राहुल शेवाले मांग कइले रहस कि राहुल गांधी के भारत जोड़ो यात्रा के महाराष्ट्र में ही रोक दिहल जाव। एकरा जवाब में आज राहुल गांधी अपना प्रेस कॉन्फ्रेंस में कहलें कि उनका साथे लाखन कार्यकर्ता बा लो, अगर हिम्मत बा, त रोक के देखावे लो।

राहुल गांधी के बयान से उद्धव ठाकरे ने कइलें किनारा

एकर जवाब आज उद्धव ठाकरे अपना प्रेस कॉन्फ्रेंस में ई कह के देले कि ऊ राहुल गांधी के बयान से सहमत नइखें। बाकिर सावरकर आ आउर क्रांतिकारी लोग अपना बलिदान से जवन देश के आजादी दिहल, आज उ आजादी आ संविधान खतरा में बा। एहिसे एकरा के बचावे खातिर ऊ केहूओ के गले मिल सकत बाड़े। जदि बीजेपी महबूबा मुफ्ती के संगे जा सकत बिया त ठाकरे गांधी के साथे काहे नइखन जा सकत? उद्धव ठाकरे कहलें कि आजादी के लड़ाई में भाग ना लेवे वाला एह बारे में बयानबाजी कर रहल बा। आज बालासाहेब के पुण्य तिथि ह, एही सिलसिला में उद्धव ठाकरे उनका के श्रद्धांजलि देवे बालासाहेब ठाकरे स्मृति स्थल प पहुंचल रहलें।

‘राहुल से गले मिले वाला आदित्य के कइल जाव गोमूत्र से शुद्धिकरण’

बाकिर एकरा से एक दिन पहिले बुध के सीएम एकनाथ शिंदे इहां श्रद्धांजलि देवे अपना गुट के नेता आ कार्यकर्ता लोगन के साथे पहुंचले। उनका गइला के बाद ठाकरे गुट के नेता लोग गोमूत्र से स्मृति स्थल के शुद्धिकरण कइल आ कहल कि गद्दारन के अइला से ई जगह अपवित्र हो गइल बा। एह प शिंदे गुट कहलस कि शुद्धिकरण आदित्य ठाकरे के कइल जरूरी बा के सावरकर प नीच वक्तव्य देवे वाला राहुल गांधी से गले मिलत बा।

‘सावरकर से एतना प्यार त काहे ना उनका के भारत रत्न दे दिहल जात, के रोकले बा?’

एकरा जवाब में संजय राउत कहलें कि सावरकर हमनी के त आदर्श हवें। दुइये गो हिंदू हृदयसम्राट भइल बा लो- सावरकर आ बालासाहेब ठाकरे। बाकिर ओह लो के (बीजेपी, फडणवीस) अगर सावरकर से एतनही प्यार बा त काहे ना ऊ लोग उनका के ‘भारत रत्न’ देत। के रोकले बा ओह लोग के?

383600cookie-checkऊ हिंदुत्व के प्रणेता: राहुल प भड़कलें सावरकर के पोता, थाना में दर्ज करवलें शिकायत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.