दिल्ली के भजनपुरा में सड़क से हटावल गइल मजार आ मंदिर, भारी संख्या में पुलिस बल तैनात

Share

दिल्ली के भजनपुरा इलाका में पीडब्ल्यूडी द्वारा अतिक्रमण विरोधी अभियान चलावल जा रहल बा। भजनपुरा में सड़क पs इस्थित दुगो धार्मिक स्थलन में मजार अउर मंदिर के सबेरे प्रशासन द्वारा हटावल गइल। एह दौरान पुलिस अउर पैरामिलिट्री फोर्स तैनात रहे। लोगन से शांति बना के रखे के अपील कइल गइल।

दिल्ली उत्तर पूर्व जिला डीसीपी के कहे के बा कि भजनपुरा चौक पs तोड़फोड़ अभियान शांतिपूर्वक चलल। दिल्ली के धार्मिक समिति द्वारा सहारनपुर राजमार्ग के सड़क के आउर चउड़ा करे खातिर एगो हनुमान मंदिर आ एगो मजार के हटावे के निर्णय लिहल गइल। दुनों ढांचन के शांतिपूर्वक हटावल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-