अयोध्या गैंगरेप मामिला में आरोपी मोईद खान के शॉपिंग कॉम्प्लेक्स पs चलल बुलडोजर

Share

 

अयोध्या के भदरसा गैंगरेप केस के आरोपी मोईद खान के शॉपिंग कॉम्प्लेक्स पs बुलडोजर चलावल जाता। एह कार्रवाई में बहुते बुलडोजर बोलावल गइल बा. एह भवन में बैंक के ऑफिस भी रहे कार्रवाई करे खातिर भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा।

शॉपिंग कॉम्प्लेक्स के खाली करावल गइल

जानकारी के मुताबिक शॉपिंग कॉम्प्लेक्स के खाली कs दिहल गईल बा। पीएनबी आपन कार्यालय भी खाली कs दिहले बा। शॉपिंग कॉम्प्लेक्स के एक तिहाई हिस्सा तबाह हो जाई। आरोप बा कि मोईद खान सरकारी जमीन के अवैध तरीका से कब्जा कs के शॉपिंग कॉम्प्लेक्स बनवले रहले।

एकरा से पहिले आरोपी मोईद खान के बेकरी पs भी बुलडोजर के इस्तेमाल भईल रहे। आरोपी मोईद खान अवुरी राजू खान के नमूना डीएनए जांच खातीर लिहल गईल बा। अबे रिपोर्ट के इंतजार बा।

आरोपी समेत दु लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा

30 जुलाई के अयोध्या पुलिस जिला के पूराकलंदर थाना क्षेत्र के भदरसा नगर में बेकरी के दुकान चलावे वाला मुईद खान अवुरी उनुका कर्मचारी राजू खान के 12 साल के बच्ची के संगे सामूहिक बलात्कार के आरोप में गिरफ्तार कईले रहे। पुलिस के कहनाम बा कि, मुईद अवुरी राजू खान दु महीना पहिले नाबालिग के संगे दुष्कर्म कईले रहले अवुरी एs काम के रिकॉर्ड भी कईले रहले। घटना तब सोझा आईल जब हाल के मेडिकल जांच में पीड़िता गर्भवती होखे के पता चलल।

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-