[the_ad_group id="30365"]

Bihar: फोन पs पति-पत्नी के बीच विवाद भइल, खिसियाइल पति मोतिहारी पहुंचते पत्नी के हत्या कs देलख; आरोपी के गिरफ्तार कर लिहल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार : मोतिहारी के बंजरिया थाना क्षेत्र के सिसवानिया गांव में पति-पत्नी के बीच फोन पs विवाद जानलेवा हो गइल। इहां परदेश कमाए गइल पति अपना पत्नी से फोन पs बात कइले आ एकरा बाद पति खिसिया के परदेश से घरे लवट गइले। घरे लवटते ही ऊ अपना पत्नी के हत्या कs देले। घटना के आधा घंटा के भीतर हत्यारा पति के पुलिस गिरफ्तार कs लेलस।

बंजरिया थाना प्रभारी इंदरजीत पासवान बतवले कि सिसवानिया गांव के शाकिर रहमान के बियाह मुर्तजा खातून से मात्र दु साल पहिले भइल रहे। शाकिर रहमान दोसरा राज्य में मजदूर के काम करे चल गइल रहले। बतावल जाता कि फोन पs कवनो मुद्दा पs पति-पत्नी के बीच विवाद भइल रहे। घटना के जानकारी मिलते थाना प्रमुख इंदरजीत पासवान खुद घटना स्थल पs गइले आ उनका संगे प्रशिक्षु पीएसआई नीलम कुमारी, सोनेलाल कुमार आ चौकीदार संजय पासवान आ अरविंद कुमार भी मौजूद रहले। छापामारी भइल आ घटना के मात्र आधा घंटा बाद उक्त अपराधी के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

छापामारी के दौरान हत्या में इस्तेमाल भइल चाकू भी बरामद भइल बा। थाना प्रमुख कहले कि ई एगो घिनौना अपराध हs आ अइसन अपराध खातीर सहानुभूति के कवनो जगह ना होखे के चाही। ए मामला में घटना के विस्तृत कारण आ एकरा से जुड़ल अउरी लोग के पहचान कइल जाता

पोस्टमार्टम रिपोर्ट में अउरी खुलासा होई। पुलिस ए मामला में बहुत बिंदु के जांच करतिया। ई घटना सिसवानिया गाँव के वार्ड नम्बर 12 में भइल। मुर्तजा खातून बीस साल के रहली आ उनकर बियाह शाकिर रहमान से महज दू साल पहिले भइल रहे । शाकिर रहमान पत्नी के हत्या क के फरार हो गइल रहले। ऊ सोचले कि ए घटना के बाद ऊ भूमिगत हो जईहे,बाकी बंजरिया पुलिस उनकर योजना नाकाम कs देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]