बुलंदशहर। उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर जिला में दर्दनाक हादसा भइल बा। इहां एगो कार पुलिया से टकराके पलट गइल आ फेर आग लाग गइल। हादसा में कार सवार पांच लोगन के जिंदा जरके मौत हो गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस शवन के कब्जा में लेके जांच सुरू कs देले बिया।
जानकारी के अनुसार, जहांगीराबाद थाना इलाका में जहांगीराबाद-बुलंदशहर मार्ग पs गांव चांदौक चौराहे के लगे बदायूं के ओर से आ रहल तेज रफ्तार कार अनियंत्रित एगो पुलिया से टकरा गइल।
कार में आग लाग गइल। हादसा में कार सवार एगो मासूम सहित कुल पांच लोगन के जिंदा जरके मौत हो गइल। जबकि, हादसा में एगो जुवती के हालत गंभीर बा। जेकर उपचार चल रहल बा।
ई सभे बदायूं में शादी समारोह से दिल्ली लवटत रहे। हादसा के वजह ड्राइवर के नींद के झपकी आवल बतावल जा रहल बा। बदायूं जिला के थाना सहसवान के गांव चमनपुरा निवासी तनवीर अहमद दिल्ली में रहेलें।
दिल्ली जाए खातिर निकलल रहे लो कार सवार
देर रात उनकर बेटी गुलनाज, मोमिना, पुत्र तनवीज अहमद, आ एगो आउर किशोरी निदा उर्फ जेवा आ जुबेर अली निवासी खैरपुर बल्ली थाना सहसवान के संगे उनकर दु साल के लईका जैनुल बुध के सबेरे कार से दिल्ली जाये खातिर निकलल रहे लोग।
जहांगीराबाद थाना इलाका में कार दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। जेमे मोमिना, तनवीज, निदा, जुबेर अली आ दु साल के जैनुल के जिंदा जरके मौत हो गइल। जबकि गंभीर रूप से झुलसल गुलनाज के उपचार चल रहल बा।
जहांगीराबाद-बुलंदशहर मार्ग पs हादसा
बुलंदशहर के एसपी (ग्रामीण) तेजवीर सिंह बतवलें कि “आज सबेरे 5:50 बजे जहांगीराबाद पुलिस के सूचना मिलल कि थाना क्षेत्र के जहांगीराबाद-बुलंदशहर मार्ग पs एगो कार दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। पुलिस आ फायर ब्रिगेड मवका पs पहुंचके बचाव अभियान सुरू कइलस।
एगो घायल गुलनाज के इलाज खातिर भेजल गइल बा। आउर पांच यात्रियन के मौत हो गइल बा। सुरुआती जांच में पता चलल बा कि ई छव लोग बदायूं में एगो बियाह में सामिल होखला के बाद दिल्ली के मालवीय नगर लवटत रहे।
सबेरे अचानक ड्राइवर के नींद आ गइल, जवना वाहन के संतुलन बिगड़ गइल आ उ पुल से टकराकर पलट गइल आ आग लग गइल।
Read Also: भूकंप से पहिले स्मार्टवॉच करी अलर्ट, गूगल Wear OS में जोड़लस खास फीचर, जानीं कब से मिली