[the_ad_group id="30365"]

यूपी में नौ लोगन के दर्दनाक मउत, बुलंदशहर में पांच, जानीं डिटेल्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में बुध के सबेरे भईल दुगो बड़ दुर्घटना में 9 लोग के मउत हो गईल। पहिला हादसा बुलंदशहर में भइल जवना में पांच लोग के जान चल गइल आ दुसरका हादसा आगरा में भइल जवना में चार लोग के मउत हो गइल. बुलंदशहर में बियाह के रस्म से लवटत यात्री के लेके गाड़ी बेकाबू होके कलवर्ट से टकरा गईल जवना से गाड़ी में भारी आग लाग गईल। एह भयावह दुर्घटना में गाड़ी में सवार पांच लोग के मौका पs जिंदा जर गईले, जबकि एगो महिला गंभीर रूप से घाही हो गईल।

पांच लोग के जर के मरल


मिलल जानकारी के मुताबिक गाड़ी में सवार सभ लोग बदायूं जिला के सहसवान से दिल्ली के मालवीय नगर लवटत रहे। एs दौरान जहांगीराबाद थाना क्षेत्र के तहत गांव जानीपुर चंदौस के नजदीक अचानक कार पुलिया से टकरा गईल। टक्कर अयीसन भईल कि कुछे देर में गाड़ी में आग लाग गईल। कार में मौजूद 6 लोग में से पांच लोग, तनवीज अहमद बेटा तनवीर अहमद 24, मोमीना बेटी तनवीर अहमद 22, जुवेर अली बेटा अवसात अली 25, निदा बेटी हसीब अहमद 20, जैनुल बेटी जुबेर अली 2 साल के, के मौका पs जरले के चलते मउत हो गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]