नई दिल्ली। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बजट भाषण 2026-27 में कइयन गाे जरूरी सामान के दाम घटे आ कुछ चीजन के महंगा होखे के एलान कइले बाड़ी। वित्त मंत्री बतवली कि सोलर से जुड़ल सामान सस्ता होई। एकरा संगे जूता, मोबाइल बैट्री आ ओवन के दाम में कमी आवे के उम्मीद बा।
ई चीज सस्ता होई
- 7 गंभीर बेमारी के दवाई सस्ता होई
- कैंसर के 17 दवाई सस्ता होई
- शुगर (डायबिटीज) के दवाई सस्ता होई
- बिदेश यात्रा पहिले से सस्ता होई
- सीएनजी आ बायोगैस के दाम घटाई
वित्त मंत्री ऐलान कइलें कि कैंसर से जुड़ल 17 दवाई आ 7 दुर्लभ बेमारी के दवाई सस्ता कइल जाई। दवाई आ मेडिकल डिवाइस पs लागल कस्टम ड्यूटी घटावे के फैसला लिहल गइल बा, जवना से मरीजन के सीधा फायदा मिली।
स्मार्टफोन आ टैबलेट सस्ता होई
बजट में ‘मेक इन इंडिया’ के बढ़ावा देवे खातिर इलेक्ट्रॉनिक मैन्युफैक्चरिंग पs खास जोर दिहल गइल बा। एकर असर ई होई कि देस में बनल स्मार्टफोन आ टैबलेट के दाम घट सकेला। संगे-संगे भारतीय फैक्ट्रियन में मोबाइल आ टैबलेट के उत्पादन बढ़ी आ घरेलू मैन्युफैक्चरिंग मजबूत होई, जवना के फायदा आम उपभोक्ता के सस्ता आ बेहतर डिवाइस के रूप में मिली।
ई चीज महंगा होई
- शराब
- स्क्रैप
- खनिज
वित्त मंत्री ईहो बतवलें कि वित्त बरिस 2026-27 में राजकोषीय घाटा (फिस्कल डेफिसिट) जीडीपी के 4.3 प्रतिशत रह सकेला।









