UP: बसपा घोषित कइलस दुगो आउर प्रत्याशी, सच्चिदानंद पांडेय अयोध्या आ अशोक पांडेय उन्नाव से लड़िहें चुनाव

Share

बहुजन समाज पार्टी बियफे के लोकसभा चुनाव खातिर दुगो आउर प्रत्याशियन के घोषणा कs देले बिया। वरिष्ठ पत्रकार अशोक पांडेय बसपा के टिकट पs उन्नाव से चुनाव लड़िहें।

अंबेडकरनगर के भाजपा के जिलाध्यक्ष सच्चिदानंद पांडेय ‘सचिन’ बसपा में सामिल हो गइलें। बसपा उनका के अयोध्या से टिकट देले बिया।

बसपा सुप्रीमो मायावती ने पहिलही घोषणा कs देले बाड़ी कि ऊ कवनो गठबंधन में सामिल ना होई आ अकेले चुनाव लड़ी।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-