Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ADR: क्षेत्रीय दलन में BRS कइलस सबसे जादे कमाई, खर्च के ममिला में शीर्ष पs TMC; एडीआर रिपोर्ट में खुलासा

4,478

एडीआर वित्त बरिस 2022-23 के दौरान देस में सबसे जादे कमाई करे वाली आ सबसे जादे खर्च करे वाली पार्टियन के ब्योरा जारी कइले बा। एडीआर के अनुसार, बीआरएस sबसे जादे कमाई कइलस, जबकि टीएमसी सबसे जादे खरचा कइलस।

एसोसिएशन फॉर डेमोक्रेटिक रिफॉर्म्स (एडीआर) वित्त बरिस 2022-23 के दौरान देस में सबसे जादे कमाई करे वाली आ सबसे जादे खर्च करे वाली पार्टियन के ब्योरा जारी कइले बा। एडीआर के मोताबिक भारत राष्ट्र समिति (बीआरएस) पार्टी एह दौरान सबसे जादे 737.67 करोड़ रुपिया कमवलस।

खर्च के ममिला में शीर्ष पांच पार्टी

एकरा अलावे एडीआर सबसे जादे खर्च करे वाली शीर्ष पांच पार्टियन के सूची जारी कइले बा। एडीआर के मोताबिक एह सूची में सबसे पहिला स्थान तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के बा। एडीआर के कहनाम बा कि टीएमसी वित्त बरिस 2022-23 के दौरान सबसे जादे 181.18 करोड़ रुपिया खर्च कइलस। एकरा बाद युवजन श्रमिक रायथू कांग्रेस पार्टी (वाईएसआरसीपी )79.32 करोड़, बीआरएस 57.47 करोड़, द्रविड़ मुनेत्र कड़गम (डीएमके) 52.62 करोड़ आ समाजवादी पार्टी (एसपी) 31.41 करोड़ रुपिया खर्च कइलस।

बीआरएस के बाद खर्च के ममिला में दूसरका नंबर पs टीएमसी 

एडीआर के रिपोर्ट में वित्त बरिस 2022-23 देस के 57 में से 39 क्षेत्रीय पार्टियन के कमाई आ खर्च के ब्योरा जारी कइल गइल बा। एडीआर के रिपोर्ट के अनुसार बीआरएस के बाद कमाई के ममिला में 333.45 करोड़ रुपिया के संगे टीएमसी के स्थान रहल। एकरा बाद डीएमके के कमाई 214.35 करोड़ रुपिया रहल। कमाई के बात करी तs शीर्ष पांच पार्टी कुल मिलाके 1,541.32 करोड़ रुपिया कमइली सs। एडीआर के रिपोर्ट के अनुसार 39 क्षेत्रीय दलन के कुल घोषित आय 1,740.48 करोड़ रुपिया बा।

एडीआर रिपोर्ट के खास बात

एडीआर के रिपोर्ट के मोताबिक, खरचा ना कइल जाये वाला आय के ममिला में बीआरएस सबसे आगे रहल। बीआरएस के खर्च ना कइल जाये वाला आय 680.20 करोड़ रुपिया रहल। एकरा बाद बीजू जनता दल (बीजेडी) के 171.06 करोड़ रुपिया का डीएमके के 161.72 करोड़ रुपिया के आय खर्च नइखे कइल जा सकल। एकरा ठीक उलट, 20 गो पार्टी आपन आय से जादे व्यय के सूचनो देले बाड़ी सs। एह सूची में जनता दल- सेक्युलर (जेडी-एस) अपना आय से 490.43 प्रतिशत जादे खर्च कइलस।

901290cookie-checkADR: क्षेत्रीय दलन में BRS कइलस सबसे जादे कमाई, खर्च के ममिला में शीर्ष पs TMC; एडीआर रिपोर्ट में खुलासा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.