नई दिल्ली। भारत सरकार देस के बहादुर जवानन खातिर एगो बड़ा फैसला लेले बिया। अब सेना, नौसेना आ वायुसेना में वीरता पदक पावे वाला सैनिकन के भारतीय रेलवे में आजीवन मुफ्त यात्रा के सुविधा मिलल करी। एह योजना के तहत ऊ लोग फर्स्ट क्लास, सेकेंड एसी आ एसी चेयर कार में अपना एगो साथी के संगे फ्री में सफर कs सकी लोग।
रक्षा विभाग के अधिकारी बतवलें कि ई फैसला देस खातिर बहादुरी देखावे वाला जवानन के सम्मान में लिहल गइल बा। ई सुविधा ओह सब केहू पs लागू होई, जवन सेना, नौसेना या वायुसेना के वीरता पदक से सम्मानित भइल बा।
परिवार के मिली सुविधा
एह योजना में जवानन के परिवारो के धेयान रखल गइल बा। पुरस्कार विजेता के जीवनसाथी चाहे विधवा होखस भा विधुर, जब तक दोबारा बियाह ना करे, तब तक ई सुविधा ले सकेला। एही के संगे, जदि कवनो जवान अविवाहित हालत में शहीद भइल होखे, तs ओकरा माई-बाप के ई सुविधा दिहल जाई।
देस के वीरन खातिर सम्मान
ई फैसला देस खातिर जान दांव पs लगावे वाला सैनिकन के प्रति कृतज्ञता दरसावेला। एकरा से ना खाली सम्मान मिली, बलुक यात्रा के खर्चा में राहतो मिली, जवन परिवार खातिर बड़ सहारा साबित हो सकेला।
कब से लागू होई योजना
सरकार ई आदेस तुरंत लागू कs देले बिया। भारतीय रेलवे जल्दिये एह संबंध में पूरा गाइडलाइन जारी करी। ई सुविधा पूरा देस में रेलवे नेटवर्क पs लागू रही।
पात्रता का बा?
एह योजना के तहत सेना, नौसेना आ वायुसेना के वीरता पदक विजेता सभे पात्र होई। ओह लोगन के जीवनसाथी आ मरणोपरांत अविवाहित जवानन के माता-पिता एह सुविधा के लाभ उठा सकी लोग।
Read Also: Air India : लंदन जाये वाला जहाज तकनीकी खराबी से 7 घंटा बाद दिल्ली लवटल, यात्री परेसान







