BPSC Paper Leak: बीपीएससी पेपर लीक प्रकरण में बड़ कार्रवाई, दिल्ली से गिरफ्तार कइल गइले तीन अपराधी

Share

गिरफ्तार कइल गइले तीन अपराधी

बिहार लोक सेवा आयोग के 67वीं संयुक्त प्रारंभिक प्रतियोगिता परीक्षा के पेपर लीक ममिला में दिल्ली से तीन आउर लोगन के गिरफ़्तारी भइल बा। एमे से दु लोग बिहार के मधुबनी जिला के रहे वाला बा तs ओहिजा एगो उत्तर प्रदेश के रहे वाला बा। एह गिरफ्तारियन के बाद अब पेपर लीक ममिला में कूल मिलाके 14 गिरफ्तारी हो चुकल बा।

11 बजे मिल गइल रहे प्रश्नपत्र 

प्राप्त जानकारी के अनुसार इन अपराधियों के तार सॉल्वर गैंग पिंटू यादव के साथ भी जुड़े हुए है. गिरफ्तार बिहार के दो युवक महेश और प्रवीण परीक्षा में डमी परीक्षार्थी के रूप में शामिल हुआ था. तो वहीं उत्तर प्रदेश का रहने वाला अभिषेक त्रिपाठी सॉल्वर का काम करता था. तीनों दिल्ली में ही रह रहे थे. बताया जा रहा है की गिरफ्तार युवकों को परीक्षा के दिन एक घंटे पहले 11 बजे ही प्रश्न पत्र मिल गया था. इन सभी ने प्रारंभिक प्रतियोगिता परीक्षा के एक पेपर के लिए दो लाख रुपये लिए थे.

अब तक 14 के गिरफ़्तारी 

BPSC पेपर लीक ममिला में ईओयू के टीम अभी ले 14 लोग के गिरफ्तार कs चुकल बिया। महेश, प्रवीण आ अभिषेक से पहिले संजय कुमार, राजस्व पदाधिकारी राहुल कुमार, बड़हरा के बीडीओ जयवद्र्धन गुप्ता, कुंवर सिंह कालेज के प्राचार्य डा. योगेंद्र प्रसाद सिंह, कालेज प्रोफेसर सुनील कुमार सिंह, सहायक केंद्राधीक्षक अगम कुमार सहाय, कृषि विभाग के सहायक राजेश कुमार, निशिकांत कुमार राय, कृष्ण मोहन सिंह, सुधीर कुमार सिंह आ अमित कुमार सिंह के गिरफ्तार कइल गइल बा।

अलग-अलग धारा के तहत बनावल गइल आरोपित

आर्थिक अपराध इकाई के टीम कांड संख्या 20/2022 दर्ज कs के सबे गिरफ्तार आरोपियन पs धोखाधड़ी, जालसाजी, पद के दुरुपयोग, आइटी एक्ट आ बिहार परीक्षा नियंत्रण अधिनियम 1981 के अलग-अलग धारा के तहत आरोपित बनावल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-