Box Office: दूसरका दिन ‘हाउसफुल 5’ के कमाई में भइल इजाफा, जानीं बाकी फिल्मन के बॉक्स ऑफिस कलेक्शन

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क:  अक्षय कुमार, रितेश देशमुख आ अभिषेक बच्चन के अदाकारी से सजल फिल्म ‘हाउसफुल 5’ 6 जून के सिनेमाघरन में रिलीज भइल। फिल्म ओपनिंग डे पs अच्छा कमाई कइलस। दूसरको दिन फिल्म के कमाई बहुत अच्छा रहल। एही के संगे एह दिनन सिनेमाघरन में ‘ठग लाइफ’, ‘भूल चूक माफ’ आ ‘मिशन इंपॉसिबल’ चल रहल बा। आईं जानल जाव ई फिल्म ईद के त्योहार के मवका पs केतना कमाई कइली सs?

‘हाउसफुल 5’ के रिलीज के दूसरके दिन ईद पड़ गइल। फिल्म के ईद आ सनीचर के फायदा मिलल। फिल्म ओपनिंग डे पs 24 करोड़ के कमाई कइलस। एकरा दूसरके दिन माने सनीचर के फिल्म 30 करोड़ के कमाई कइलस। फिल्म दु दिन में कुल 54 करोड़ रुपये कमा लेले बिया। एगो आंकड़ा के मोताबिक ‘हाउसफुल 5’ के बजट 240 करोड़ बा। एह लिहाज से फिल्म कमाई के लिहाज से अच्छा सुरूआत कइले बिया।

साउथ के सुपरस्टार कमल हासन आ मणि रत्नम के जोड़ी वाली फिल्म ‘ठग लाइफ’ 5 जून के सिनामाघरन में रिलीज भइल। एह फिल्म के सुरूआत बहुत अच्छा ना रहल। लगभग 180 करोड़ के लागत में बनल फिल्म पहिला दिन 15 करोड़ रुपिया कमइलस। दूसरका दिन फिल्म के कमाई में भारी गिरावट आइल। सुक के फिल्म 7.15 करोड़ रुपिया कमइलस। तीसरका दिन माने सनीचर के फिल्म महज 7.50 करोड़ रुपिया कमइलस। एह तरे से फिल्म के टोटल कमाई 30.15 करोड़ रुपिया हो चुकल बा।

भूल चूक माफ

राजकुमार राव आ वामिका गब्बी के अदाकारी वाली फिल्म ‘भूल चूक माफ’ एह दिनन सिनेमाघरन में ठीक-ठाक चल रहल बिया। पिछला दिनन फिल्म के कमाई में बहुते गिरावट आइल रहे, बाकिर वीकएंड के मवका पs फिल्म के कमाई में फेर से जान आइल बा। ओपनिंग डे पs सात करोड़ के कमाई करे वाला फिल्म 16वां दिन एक करोड़ के कारोबार कइले बिया। एह तरे फिल्म अब तक 68.07 करोड़ रुपिया के कमाई कs लेले बिया।

मिशन इंपॉसिबल 8

हॉलीवुड के बेहतरीन एक्टर टॉम क्रूज के फिल्म ‘मिशन इंपॉसिबल- द फाइनल रेकनिंग’ एह दिनन सिनेमाघरन में लागल बिया। एह फिल्म के अंग्रेजी वर्जन 22वां दिन 1.94 करोड़ के कमाई कइले बा। ओपनिंग डे पर 16.5 करोड़ के कमाई करे वाली फिल्म भारत में अब तक 97.22 करोड़ रुपिया कमा लेले बा। ई फिल्म ‘मिशन इंपॉसिबल’ फ्रेंचाइजी के आठवां किस्त हs।

Read Also: Car Burnt: कार में जिंदा जलले सरकारी चिकित्सक, देवार से टकरवला के बाद उठल लपट

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-