[the_ad_group id="30365"]

Yayawari Bhojpuri Mahotsav 2025: गोरखपुर में 28 जून के सजी भोजपुरी साहित्य, संगीत आ कविता के महाकुंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: भोजपुरी भाषा आ संस्कृति के प्रेमियन खातिर एगो बड़ खुशखबरी बा। गोरखपुर इस्थित गोकुल अतिथि भवन में 28 जून 2025 के ‘यायावरी भोजपुरी महोत्सव 2025’ के आयोजन कइल जा रहल बा। एह अवसर पs भोजपुरी साहित्य, सिनेमा, गीत-संगीत आ कविता के क्षेत्र के जानी-मानी हस्ती एक संगे जुटी लोग।

भोजपुरी के सम्मान आ संरक्षण के समर्पित बा आयोजन

ई महोत्सव भोजपुरी भाषा के सम्मान, स्वाभिमान आ संरक्षण के समर्पित बा। “यायावरी वाया भोजपुरी” भारत के पहिला भोजपुरी स्टोरी टेलिंग ऐप हs जवन हर साल एह आयोजन के आयोजित करेला। अबकी बेर के आयोजन महोत्सव के चउथा संस्करण होई। एह दिन शहर में भोजपुरी बतकही, विचार विमर्श, गीत-संगीत आ सांस्कृतिक कार्यक्रमन के मिठास चारो ओर गूंजी।

महोत्सव के तइयारी जोर पs, कार्यक्रम के रूपरेखा तइयार

आयोजन के समन्वयक गौरव मणि त्रिपाठी जानकारी देलें कि पिछला तीन बरिसन के तुलना में अबकी बेर के आयोजन आउर भव्य आ आकर्षक होई। अलग-अलग सत्रन के रूपरेखा तइयार कइल जा चुकल बा आ सब तइयारी अंतिम चरण में बा।

नि:शुल्क प्रवेश

गौरव मणि त्रिपाठी इहो बतवलें कि महोत्सव में प्रवेश पूरा तरे से नि:शुल्क रही आ एमे सब वर्गन के लोग भाग ले सकत बा। ऊ भोजपुरी प्रेमियन से बड़ संख्या में उपस्थित होके एह आयोजन के सफल बनावे के अपील कइलें बाड़ें।

Read Also: JEE Advanced Result 2025: जेईई एडवांस्ड परीक्षा के परिणाम सहित फाइनल उत्तर कुंजी जारी, देखीं कटऑफ

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]