पश्चिम बंगाल के कांथी लोकसभा सीट से भाजपा उम्मीदवार सौमेंदु अधिकारी के काफिला पs बम हमला के खबर बा। बतावल जाता कि भाजपा प्रत्याशी सौमेंदु अधिकारी के जुलूस अवुरी गाड़ी के निशाना बनावत बदमाश सड़क पs बम फेंकले। हालांकि एs घटना में केहु के घाही नईखे भईल। ई हमला अर्गोवाल इलाका के काली बाजार के लगे भइल. बदमाश जब बम फेंकले तs सड़क से भाजपा प्रत्याशी सौमेंदु अधिकारी के जुलूस गुजरत रहे।
Comments are closed.