UP Lok Sabha Election: आज गोरखपुर में चुनावी जनसभा के संबोधित करिहें सीएम योगी, सांसद रवि किशन खातिर मंगिहें वोट

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2024

UP Lok Sabha Election: सीएम योगी गोरखनाथ मंदिर पहुंचला के बाद सबसे पहिले गुरु श्रीगोरक्षनाथ के मंदिर में जाके पूरा विधि-विधान से उनकर आराधना कइले। एही क्रम में उऽ अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के

Share

UP Lok Sabha Election: सीएम योगी गोरखनाथ मंदिर पहुंचला के बाद सबसे पहिले गुरु श्रीगोरक्षनाथ के मंदिर में जाके पूरा विधि-विधान से उनकर आराधना कइले। एही क्रम में उऽ अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि पs पहुंचले आ पूजा-अर्चना कऽ के आशीर्वाद लेले। उऽ मंदिर परिसर के भ्रमण कऽ के व्यवस्था देखले आ व्यवस्था के बेहतर बनावे खातिर मंदिर प्रबंधन से जुड़ल लोगान के जरूरी निर्देश देले।

गोरखपुर। लोकसभा चुनाव को लेके कई गो चुनावी सभा के संबोधित करे के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के सांझी खा गोरखनाथ मंदिर पहुंचले। उऽ शुक के दिग्विजनाथ पार्क में भाजपा प्रत्याशी के पक्ष में आयोजित चुनावी जनसभा के संबोधित करिहें।

ई जनसभा सुबह 10 बजे आयोजित होई। गोरखपुर के चुनावी कार्यक्रम के बाद योगी एगो आउर जनसभा के संबोधित करे खातिर बहराइच खातिर रवाना हो जइहें। उहाँ से उनका प्रदेश के कई गो आउर जगहन पs चुनावी जनसभा खातिर जाए के बा।

गुरुवार के गोरखनाथ मंदिर पहुंचले के बाद उऽ सबसे पहिले गुरु श्रीगोरक्षनाथ के मंदिर में जाके पूरा विधि-विधान से उनकर आराधना कइले। एही क्रम में उऽ अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि पs पहुंचले आ पूजा-अर्चना कऽ के उनकर आशीर्वाद लेले।

रात्रि विश्राम खातिर अपना शयनकक्ष में जाए से पहिले पहले उऽ मंदिर परिसर के भ्रमण कऽ के व्यवस्था देखले आ व्यवस्था के बेहतर बनावे खातिर मंदिर प्रबंधन से जुड़ल लोगन के जरूरी निर्देश देले।

महाराणा प्रताप शिक्षा परिषद से जुड़ल प्रमुख लोगन के साथे बइठ के उऽ परिषद के ओर से संचालित शैक्षणिक आ शिक्षणेत्तर कार्ययन के जानकारीयो लेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.