Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना में 24 घंटे से लापता बच्चा के शव नाला से बरामद, परिजन जतवले हत्या के आशंका

39

पटना में शेखपुरा पिपरा के नाली में एगो 4 साल के बच्चा के लाश संदिग्ध हालत में मिलल। जवना के बाद इलाका में हलचल मच गइल बा। घटना के सूचना रामकृष्ण नगर थाना क्षेत्र से मिलल। मरेवाला बच्चा के पहचान 4 साल के हेनरी कुमार के रूप में भइल बा। घटना के जानकारी मिलते रामकृष्ण नगर थाना के पुलिस मौका पs पहुंचल आ बच्चा के लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर अस्पताल भेज देलस। पुलिस पूरा मामला के छानबीन शुरू कऽ देले बिया।

पिता के मौत पहिलहीं हो चुकल बा

बता दीं कि लइका के बाप पहिलहीं मर चुकल बाड़े। परिवार रामकृष्ण नगर थाना क्षेत्र में रहेला। मरेवाला बच्चा के चाचा प्रभात कुमार बतवले कि पिछला शनिचर के उऽ अपना दादी से नहाए के कहला के बाद घर के नीचे चल गइले। कुछ समय बाद जब उऽ ऊपर ना अइले तऽ उनकर परिवार के लोग उनका के खोजत रहले। शनिचर के बहुत खोजला के बादो बच्चा ना मिलल, फेर हमरा मोबाइल प एगो ऑटो ड्राइवर के ओर से सूचना मिलल कि रामकृष्ण नगर इलाका के पीएनबी बैंक के नजदीक आपके बच्चा मिलल बा।

नाली के पानी में तैरत मिलल लाश

जब हमनी के उहाँ पहुंचनी तऽ जानकारी पs बच्चा उहाँ ना मिलल, एकरा बाद हमनी के रामकृष्ण नगर थाना पहुंचनी आ बच्चा के लापता होखे के लिखित शिकायत देनी। जेकरा बाद पुलिस के बहुत जाँच के बाद रविवार के सबेरे पानी में बहत लाश बरामद भइल। मरेवाला बच्चा के चाचा आशंका जतवले बाड़े कि केहु हत्या कऽ के लाश के पानी में फेंक देले बा। रामकृष्ण नगर थाना के पुलिस एह मामला में कवनो बात के खुलासा करे से इनकार करत आगे के कार्रवाई शुरू कऽ देले बिया।

977140cookie-checkपटना में 24 घंटे से लापता बच्चा के शव नाला से बरामद, परिजन जतवले हत्या के आशंका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.