खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।
आजू पढ़ी कि ब्लैक एंड व्हाइट परदा के बेहद बेबाक एक्ट्रेस रहली ‘नूतन’-
सिनेमा खातिर बसंत के मौसम भले सदाबहार रहल बा बाकिर एही सीजन में हिंदी सिनेमा के प्रेमी लोग के बहुते सौम्य, कोमल आ सुन्दर अभिनेत्री नूतन के भी याद आवेला. अब जवन काम आलिया भट्ट, दीपिका पादुकोण आ करीना कपूर कs रहल बाड़ी, ऊ 60 साल से भी पहिले बियाह भइला के बादो हिट हिंदी फिल्म दे के कइले रहली. बॉलीवुड के दिग्गज अभिनेत्री नूतन समर्थ बहल, जेकरा के नूतन के नाम से जानल जाला, चार दशक के शानदार फिल्म कैरियर रहल बा। नूतन अपना करियर में 70 से अधिका फिलिमन में काम कs चुकल बाड़ी.
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’
अपना करियर के शुरुआत ब्लैक एंड व्हाइट परदा से करे वाली नूतन अपना करियर में परदा पs कई गो लेयर्ड वाला किरदारन के चित्रण कइले बाड़ी. नूतन आजुओ अपना बेहतरीन अभिनय आ प्रभावशाली किरदारन के माध्यम से युवा अभिनेत्रियन खातिर प्रेरणा बनल बाड़ी. नूतन अपना शर्त पs आपन करियर बनवली आ 14 साल के उमिर से फिल्म हमारी बेटी से अभिनय शुरू कइली. जब तक उs 17 साल के रहली तब ले उs हिंदी फिल्म इंडस्ट्री में आपन पहचान बना चुकल रहली। अभिनेत्री एगो फिल्मी परिवार के रहली काहे कि उनुकर जनम बॉलीवुड अभिनेत्री शोभना समर्थ आ फिल्म निर्देशक कुमारसेन समर्थ के घरे भइल रहे. नगीना, सौदागर, कर्मा, बंदिनी वगैरह फिलिमन में तारकीय भूमिका निभवले रहली आ 1974 में भारत सरकार के तरफ से प्रतिष्ठित पद्मश्री पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा
1951 में मिस इंडिया के खिताब जीतले रहली

नूतन के शुरुआत उनुकर महतारी शोभाना 1950 में फिल्म हमारी बेटी से लांच कइले रहली. एक बेर उनुका के बदसूरत कहे वाला परिवार के एगो दोस्त उनुकर निमन प्रदर्शन देख के आपन राय बदल दिहलस। नूतन के 1951 में मिस इंडिया के ताज पहनावल गईल रहे। चूँकि नूतन दुबला रहली एहसे उनकर माई शोभाना उनका के स्विस फिनिशिंग स्कूल, ला चेटेलाइन भेज दिहली. अभिनेत्री के ओहिजा ग्रोम कइल गइल आ 40 पाउंड के अतिरिक्त वजन से सुडौल हो गइल. नूतन अपना समय के सबसे ज्यादा मांग वाला अभिनेत्री में से एक बन गइली आ सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री खातिर पाँच गो फिल्मफेयर अवार्ड जीतली। उनकर कुछ उल्लेखनीय फिलिम में सीमासीमा, सुजाता, अनाड़ी, बंदिनी, तेरे घर के सामने, मिलन, सरस्वतीचंद्र आ मैं तुलसी तेरे आंगन की शामिल बा।
शम्मी कपूर के साथे रहे प्रेम कहानी

नूतन आ अभिनेता शम्मी कपूर एक संगे पड़ोसी के रूप में पलल बढ़ल बाड़े। बहुत खबर रहे कि दुनो लोग एक दूसरा से पागलन के जइसन प्यार करत रहले। हालांकि जब नुतन अपना महतारी के शम्मी के बारे में बतवली तs उs एकरा से इनकार कs के नुतन के पढ़ाई खातीर स्विट्जरलैंड भेज देली। एही से उनकर बचपन के प्रेम कहानी के अंत हो गइल.
पहिलकी ब्याहता सुपरस्टार

नूतन के बियाह 1959 में भारतीय नौसेना के लेफ्टिनेंट कमांडर रजनीश बहल से भईल रहे, ओही साल उs दुगो सुपरहिट फिल्म राज कपूर के ‘अनाड़ी’ अवुरी बिमल राय के ‘सुजाता’ कईले रहली। विमल राय के एगो अउरी फिलिम ‘बंदिनी’ नूतन के अभिनय के अतना ऊँचाई दे दिहलस कि आजु के निर्देशक संजय लीला भंसाली आजुओ अपना नायिका लोग के नूतन के तीन गो फिलिम ‘सीमा’, ‘सुजाता’ आ ‘बंदिनी’ देखे के सलाह देत रहेले.
नूतन आ उनकर पति रजनीश बहल के बीच बढ़िया से सब रहे। हालांकि रजनीश समुन्दर के लहर पs आपन ड्यूटी के वजह से अधिकतर बहरी रहस, बाकिर जब भी एक संगे रहे के मौका मिलत रहे, दुनु जाना बहुत समय बितावत रहले अवुरी समय मिलला पs एक संगे शिकार करे जात रहले। फेर 1961 में एगो बच्चा मोहनीश बहल के माता-पिता बन गइले. मोहनीश ग्लैमर के दुनिया में एगो स्थापित अभिनेता रहल बाड़े.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले – बइठले करीं ई एक्सरसाइज Memory Sharp करे खातीर
संजीव कुमार के मरले रहली थप्पड़

नूतन अभिनेता संजीव कुमार के थप्पड़ मारे के कहानी बहुत मशहूर बा। फिल्म ‘देवी’ के शूटिंग के दौरान नूतन संजीव के सार्वजनिक तौर पs थप्पड़ मरले रहली। असल में पहिले नूतन आ संजीव कुमार के बीच ढेर बात ना होत रहे। बाकिर जब दुनों के बीच बातचीत शुरू भईल तs कहल जाता कि दुनो के बीच अफेयर के खबर तक आवे लागल। फिल्म ‘देवी’ के शूटिंग के दौरान जब नूतन सेट पs ही एगो पत्रिका पढ़ली, जवना में उनकर अवुरी संजीव कुमार के अफेयर के बारे में छपल रहे, तs उs बहुत खिसिया गईली अवुरी सेट पs ही संजीव कुमार के थप्पड़ मार देली।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन
सम्मान में डाक टिकट

अभिनेत्री नूतन के लगे सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पाँच गो फिल्मफेयर अवार्ड जीते के रिकार्ड बा. ई पुरस्कार उनुका ‘सीमा’, ‘सुजाता’, ‘बंदिनी’, ‘मिलन’ आ ‘मैं तुलसी तेरे आंगन की’ फिलिमन खातिर मिलल बा. भारतीय सिनेमा के इतिहास में अमूल्य योगदान खातिर नूतन के साल 1974 में पद्मश्री से सम्मानित कइल गइल। भारत के संचार आ सूचना प्रौद्योगिकी राज्य मंत्री 2011 में नूतन के सम्मान में डाक टिकट जारी कईले रहले, जवना पs उनुकर तस्वीर रहे।
बेमारी ले लिहलस जान
नुतन के 1990 में स्तन कैंसर के पता चलल रहे अवुरी उनुकर इलाज भईल रहे। फरवरी 1991 में बेमार पड़ला के बाद उनुका के मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में भर्ती करावल गईल। ओह घरी ऊ गरजना आ इंसानीयत जइसन फिलिम करत रहली. इनकर निधन 21 फरवरी 1991 के रात 12:07 बजे (IST) भइल.