कोलकाता। बंगाल विधानसभा चुनाव खातिर भाजपा मंगर के सबेरे आपन चउथा सूची जारी कइलस, जवना में सबसे प्रमुख नाम हाले में कांग्रेस छोड़ के पार्टी में सामिल भइल कोलकाता नगर निगम के चार बेर के पार्षद रहल संतोष पाठक के बा। भाजपा उनका के मध्य कोलकाता के प्रमुख सीट चौरंगी से चुनाव मैदान में उतरले बिया।
हिंदी भाषी संतोष पाठक के कोलकाता के राजनीति में बहुत प्रभाव बा। एह नया सूची के संगे भाजपा अब तक राज्य के 294 सीटन में से कुल 288 उम्मीदवारन के नाम घोषित कs चुकल बा। अब खाली छव सीट पs उम्मीदवार घोषित होखल बाकी बा। एमे पुरुलिया जिला के जयपुर सीट पs विश्वजीत महतो नाम के एगो स्थानीय नेता के भाजपा पहिलही से समर्थन दे चुकल बिया।
एगो सीट पs बदलल प्रत्याशी
नया सूची में पार्टी पहिले से जारी भइल दूसरका सूची में एगो सीट पs उम्मीदवार बदलले बिया। भाजपा उत्तर बंगाल के मयनागुड़ी (आरक्षित) सीट से अब दालिम राय के उम्मीदवार बनवले बिया। पार्टी आपन रणनीति में सामाजिक संतुलन पs खास ध्यान देले बिया। आज घोषित 13 उम्मीदवारन में एगो महिला प्रत्याशी सोमा ठाकुर के उत्तर 24 परगना जिला के बागदा (आरक्षित) सीट से उतारल गइल बा।
हाई-प्रोफाइल मुकाबला पs सब केहू के नजर
एह चुनाव के सबसे बड़ मुकाबला कोलकाता के भवानीपुर में देखे के मिली, जहां भाजपा नेता प्रतिपक्ष सुवेंदु अधिकारी के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी के खिलाफ उतरले बिया। दिलचस्प बात ई बा कि सुवेंदु अधिकारी नंदीग्राम से चुनाव लड़त बाड़ें। बंगाल में 23 आ 29 अप्रिल के दू चरण में वोटिंग होई, जबकि चार मई के नतीजा घोषित कइल जाई। ओने, तृणमूल कांग्रेस आपन 291 उम्मीदवारन के नाम पहिलही घोषित कs चुकल बिया।
कवन उम्मीदवार के कहां से टिकट मिलल
- आशुतोष बर्मा – सिताई
- गिरिजा शंकर रॉय – नाटाबाड़ी
- सोमा ठाकुर – बागदा
- उत्तम कुमार बनिक – मगराहाट पूर्व
- देबांगशु पांडा – फालटा
- देबाशीष धर – सोनारपुर उत्तर
- श्यामल हाती – हावड़ा दक्षिण
- संतोष पाठक – चौरंगी
- रंजन कुमार पॉल – पंचला
- पीयूष कांति दास – चंडीपुर
- प्रदीप लोढ़ा – गारबेटा
- मानव गुहा – मेमारी
- अरिजीत रॉय – बाराबनी








