Nalanda Stampede : नालंदा के शीतला माता मंदिर में पूजा के दौरान भगदड़, 8 लोगन के मौत, कइयन गो श्रद्धालु घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2026

नालंदा। बिहार के नालंदा से एगो दुखद खबर सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, बिहारशरीफ के शीतला माता मंदिर में पूजा के दौरान अचानक भगदड़ मच गइल, जवना में 8 लोगन के जान चल गइल।

Share

Nalanda Temple Stampede News

नालंदा। बिहार के नालंदा से एगो दुखद खबर सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, बिहारशरीफ के शीतला माता मंदिर में पूजा के दौरान अचानक भगदड़ मच गइल, जवना में 8 लोगन के जान चल गइल। मंदिर में पूजा करे खातिर भारी भीड़ जुटल रहे, एह दौरान अचानक अफरा-तफरी मच गइल आ भगदड़ हो गइल।

एह हादसा में कइयन गाे श्रद्धालु घायल हो गइल लो, जवना के इलाज खातिर नजदीकी अस्पताल में भरती करावल गइल बा। प्रशासन मवका पs पहुंच के हालात के काबू में करे के कोसिस करत बा।

Read Also: 31 मार्च 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.